[the_ad_group id="30365"]

Karnataka CM Swearing In Ceremony: सिद्धारमैया सीएम आ शिवकुमार डिप्टी सीएम पद के आज लिही लो शपथ

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

कर्नाटक विधानसभा चुनाव में स्पष्ट बहुमत मिलला के बाद सिद्धारमैया के मुख्‍यमंत्री तs डीके शिवकुमार के डिप्टी सीएम के कुर्सी सउपल गइल बा। आज माने सनीचर (20 मई) के कांग्रेस सरकार बनावे जा रहल बिया। सिद्धारमैया मुख्यमंत्री के रूप में आ डीके शि‍वकुमार उपमुख्यमंत्री के तौर पs पद आ गोपनीयता के शपथ लिही लो। कैबिनेट में सामिल होखे वाला कुछ विधायको लोग पद आ गोपनीयता के शपथ ली लो।

कर्नाटक में कांग्रेस के मिलल स्‍पष्‍ट बहुमत

कर्नाटक व‍िधानसभा में कांग्रेस 135 सीटन पs जीत हासिल कइले बिया। ओहिजा भाजपा 66 आ जेडीएस 19 सीटन पs जीत दर्ज कइले बा। स्‍पष्‍ट बहुमत मिलला के बाद कांग्रेस लमहर मंथन के बाद सिद्धारमैया के ‍मुख्यमंत्री के कुर्सी सउपले बिया। ओहिजा, डीके शिवकुमार के डिप्टी सीएम के पद दिहल गइल बा।

शपथ ग्रहण समारोह में सामिल होई लो कइयन राज्यन के मुख्यमंत्री

बेंगलुरु के कांटेरावा स्टेडियम में शपथ ग्रहण समारोह दुपहरिया के 12.30 बजे होई। शपथ ग्रहण समारोह में कांग्रेस अध्यक्ष खरगे, पूर्व अध्यक्ष सोनिया गांधी आ राहुल गांधी, पार्टी महासचिव प्रियंका गांधी, कांग्रेस शासित प्रदेश के मुख्यमंत्रियन आ कइयन नेता लोगन के सामिल होखे के उम्मीद बा। खरगे एह समारोह में सामिल होखे खातिर तमिलनाडु के मुख्यमंत्री एमके स्टालिन, पश्चिम बंगाल के मुख्यमंत्री ममता बनर्जी, बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार आ उपमुख्यमंत्री तेजस्वी यादव, एनसीपी प्रमुख शरद पवार, महाराष्ट्र के पूर्व मुख्यमंत्री उद्धव ठाकरे के आमंत्रित कइलें बाड़ें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]