आज राज्यसभा में वक्फ संशोधन बिल के ‘टेस्ट’, दुपहरिया 1 बजे होई चर्चा के शुरुआत

राज्यसभा

Share

मोदी सरकार 3.0 आपन पहिला परीक्षा भेद से पास कइले बा. अब एह विधेयक पर आजु राज्यसभा में चरचा होखी. लोकसभा में 288 सांसद एह विधेयक के पक्ष में वोट दिहले जबकि 232 सांसद एह विधेयक के खिलाफ वोट दिहले. वक्फ संशोधन विधेयक पs लोकसभा में गरमागरम बहस भईल जवन 14 घंटा से जादे समय ले चलल। एह दौरान विपक्ष एह विधेयक के मुसलमानन के खिलाफ साबित करे में व्यस्त रहुवे. चर्चा के दौरान विपक्षी सांसद एs विधेयक के खिलाफ 100 से जादे संशोधन के प्रस्ताव रखले। बाकिर मतदान के दौरान विपक्ष के सगरी संशोधन खारिज कs दिहल गइल. विपक्ष के हर दावा असफल हो गईल। अब सभकर नजर राज्यसभा पs बा, जहां आज एs विधेयक पs चर्चा होखे के उम्मेद बा।

कांग्रेस सांसद इमरान प्रतापगढ़ी का कहले?

लोकसभा में वक्फ संशोधन विधेयक के पारित होखला पs कांग्रेस सांसद इमरान प्रतापगढ़ी कहले कि, देश के संसद सबेरे 2 बजे ले चलत रहे अवुरी सबेरे 1:30 बजे अमेरिका टैरिफ लगा देलस। देश आ खास कर के भाजपा मतदाता लोग के ई समझे के चाहीं कि ई वक्फ विधेयक पहिले से योजनाबद्ध मुद्दा रहे जवना से लोग के टैरिफ के मुद्दा से भटकावे के कोशिश कइल जा सके जेहसे कि अमेरिका 26% टैरिफ लगा सके.

अल्पसंख्यक के परेशान करे खातिर विधेयक ले आवल गईल- सुखदेव भगत नफरत के आधार पs इs विधेयक पारित भईल बा। ई विधेयक कहीं ना कहीं अल्पसंख्यकन के परेशान करे आ ओह लोग के मनोबल तोड़े खातिर ले आवल गइल बा. लागत बा कि बदला लेबे के भावना से ई विधेयक ले आवल गइल बा – कांग्रेस सांसद सुखदेव भगत

इहो पढ़ीं: भक्तिमय सोमार: ‘श्रद्धा के सागर’ भक्तन के कुल कष्ट दूर करेली गोरखपुर के ‘मां करवल देवी’

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-