Bihar News: कांग्रेस बिहार में कइलस बड़ फेरबदल, 20 जिलाध्यक्षन के बदललस; देखीं पूरा लिस्ट

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 2, 2025

पटना: बिहार विधानसभा चुनाव में मजबूती से उतरे खातिर कांग्रेस अपना तइयारियन में कवनो कमी नइखे रखे के चाहत। 18 मार्च के कांग्रेस अपना प्रदेश अध्यक्ष के बदल देले रहे। अब नया प्रदेश अध्यक्ष राजेश

Share

Bihar News: कांग्रेस बिहार में कइलस बड़ फेरबदल, 20 जिलाध्यक्षन के बदललस; देखीं पूरा लिस्ट

पटना: बिहार विधानसभा चुनाव में मजबूती से उतरे खातिर कांग्रेस अपना तइयारियन में कवनो कमी नइखे रखे के चाहत। 18 मार्च के कांग्रेस अपना प्रदेश अध्यक्ष के बदल देले रहे। अब नया प्रदेश अध्यक्ष राजेश कुमार राम के तैनाती के 14 दिन के भीतर कइयन जिलन के जिलाध्यक्ष बदल दिहल गइल। जवना जिलाध्यक्षन पs काम ना करे के आरोप लागल रहे, ओकरा के हटा दिहल गइल रहे। एह तरे कुल 20 नया जिलाध्यक्षन के नियुक्ति कइल गइल बा। खास बात ई बा कि कांग्रेस गया आ कटिहार में दु-दुगो कार्यकारी अध्यक्ष बनवले बिया।

पटना में एह लोगल के मिलल जिम्मेवारी

एने, पटना शहर इकाई के जिलाध्यक्ष शशिरंजन चुनल गइल बा लो। ओहिजा, रंजीत कुमार के कार्यकारी जिलाध्यक्ष चुनल गइल बा। एही तरे पटना ग्रामीण एक के जिलाध्यक्ष सुमित कुमार सन्नी के बनावल गइल बा। ओहिजा, उदय चंद्रवंशी के कार्यकारी अध्यक्ष के जिम्मेवारी सउपल गइल बा। पटना ग्रामीण दु के जिलाध्यक्ष गुरुजीत सिंह होइहें। ओहिजा, नीतू निशाद के कार्यकारी जिलाध्यक्ष बनावल गइल बा।

महासचिव के.सी. वेणुगोपाल जारी कइलें लेटर

एह फेरबदल के घोषणा अखिल भारतीय कांग्रेस कमेटी के ओर से कइल गइल बा। अखिल भारतीय कांग्रेस कमेटी के महासचिव केसी वेणुगोपाल एगो प्रेस विज्ञप्ति में ई जानकारी देलें। विज्ञप्ति में जिला कांग्रेस कमेटियन के अध्यक्षन के सूची जारी कइल गइल बा। कांग्रेस बिहार में जातीय समीकरण ध्यान में रखत ई फेरबदल कइल गइल बा। पार्टी के दावा बा कि ई नियुक्ति बिहार में कांग्रेस पार्टी के मजबूत करे के दिशा में एगो महत्वपूर्ण डेग बा। पार्टी के उम्मीद बा कि नया अध्यक्ष अपना-अपना जिलन में पार्टी के नया ऊंचाइयन पs ले जइहें।

पढ़ीं, जिला कांग्रेस कमेटियन के अध्यक्षन के सूची

  • अररिया: साद अहमद
  • दरभंगा: दयानंद पासवान
  • पूर्वी चंपारण: एर. शशि भूषण राय
  • गोपालगंज: ओम प्रकाश गर्ग
  • कटिहार: सुनील यादव, गुलाम शाहिद (कार्यकारी अध्यक्ष), सौरभ कुमार (कार्यकारी अध्यक्ष)
  • किशनगंज: इमाम अली, शाहिबुल अख्तर (कार्यकारी अध्यक्ष)
  • मधेपुरा: सूर्यनारायण राम
  • मधुबनी: सुबोध मंडल
  • मुजफ्फरपुर: अरविंद मुकुल
  • पूर्णिया: बिजेंद्र यादव
  • सहरसा: मुकेश झा, तारणी ऋषिदेव (कार्यकारी अध्यक्ष)
  • समस्तीपुर: अबू तमीम
  • सारण: बाचु प्रसाद बिरु
  • शिवहर: नूरी बेगम
  • सीतामढ़ी: रकतू प्रसाद
  • सीवान: सुशील कुमार यादव
  • सुपौल: सूर्यनारायण मेहता, राम नारायण पी डी गुप्ता (कार्यकारी अध्यक्ष)
  • वैशाली: महेश पी डी राय, अक्षय शुक्ला (कार्यकारी अध्यक्ष)
  • पश्चिम चंपारण: परमोद सिंह पटेल
  • औरंगाबाद: राकेश कुमार सिंह (सिलार), महानंदा यादव (कार्यकारी अध्यक्ष)
  • अरवल: धनंजय शर्मा
  • बांका: कंचना सिंह
  • बेगूसराय: अभय कुमार सर्जेंट
  • भागलपुर: परवेज जमाल
  • भोजपुर: अशोक राम
  • बक्सर: डॉ. मनोज कुमार पांडे
  • गया: संतोष कुमार कुशवाहा, शहाबुद्दीन रहमानी (कार्यकारी अध्यक्ष), उदय मांझी (कार्यकारी अध्यक्ष)
  • जहानाबाद: इश्तियाक आजम, राम परवेश ठाकुर (कार्यकारी अध्यक्ष)
  • जमुई: अनिल कुमार सिंह, पुरुषोत्तम तांती (कार्यकारी अध्यक्ष)
  • कैमूर: राधे श्याम कुशवाहा
  • खगड़िया: अविनाश कुमार अविनाश, राजकिरण ठाकुर (कार्यकारी अध्यक्ष)
  • लखीसराय: अमरेश कुमार अनीस, अरविंद कुमार (कार्यकारी अध्यक्ष)
  • मुंगेर: अशोक पासवान, मोहम्मद इनामुल हक (कार्यकारी अध्यक्ष)
  • नालंदा: नरेश अकेला
  • नवादा: सतीश कुमार
  • पटना टाउन: शशि रंजन, रंजीत कुमार (कार्यकारी अध्यक्ष)
  • पटना ग्रामीण 1: सुमित कुमार सनी, उदय कुमार चंद्रवंशी (कार्यकारी अध्यक्ष)
  • पटना ग्रामीण 2: गुरुजीत सिंह, नीतू निषाद (कार्यकारी अध्यक्ष)
  • रोहतास: अमरेन्द्र पांडे
  • शेखपुरा: प्रभात कुमार चंद्रवंशी, रोशन कुमार (कार्यकारी अध्यक्ष)

Read Also: IPL 2025 Points Table: दूसरका स्थान पs पहुंचल पंजाब किंग्स, केकेआर 10वां नंबर पs खिसकल; जानीं अंक तालिका के हाल

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.