अरुणाचल प्रदेश: जमल झील पs चलल पड़ल भारी

अरुणाचल प्रदेश

Share

अरुणाचल प्रदेश के जमल सेला झील में फंसल पर्यटक, रस्सी के मदद से स्थानीय अधिकारी के द्वारा बचावल गईल, किरण रिजिजू पर्यटक के वीडियो शेयर कईले अवुरी सावधान रहे के सलाह देले.

अरुणाचल प्रदेश के तवांग जिला के ऊंच इलाका में भारी बर्फबारी ठंड से सेला झील पs बरफ जम गइल रहे. जमल सेला झील पs टहलत घरी बरफ टूटला से पर्यटक तवांग में फंसल रहले. बहुत मशक्कत के बाद ओह लोग के सुरक्षित निकाल लिहल गइल.

बाद में स्थानीय अधिकारी रस्सी के मदद से बचा लिहले। एह वीडियो के ट्विटर पs शेयर करत केंद्रीय मंत्री किरण रिजिजू पर्यटक से निहोरा कईले बाड़े कि “अनुभवी लोग के संगे जमल झील पs टहलल जाए, फिसलन वाला बर्फीला सड़क पs सावधानी से गाड़ी चलावे के चाही अवुरी बरफ के हिमस्खलन से सावधान रहे के चाही.”

इहो पढ़ीं: अतवारी छौंक: ‘बात कुछ पुरनका दौर के’ जानीं ‘महजबीन बानो’ से ‘मीना कुमारी’ आ फेर ‘ट्रेजेडी क्वीन’ बनले के सफर

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-