गुजरात: भारत के एs राज्य में भूकंप के झटका से फेर कांपल धरती

By Anurag Ranjan

Published on: Jan 4, 2025

भूकंप विज्ञान अनुसंधान संस्थान (आईएसआर) के मुताबिक, बुध के सबेरे गुजरात के कच्छ जिला में 3.2 तीव्रता के भूकंप आईल। जिला प्रशासन के कहल बा कि कवनो तरह के जानमाल के नुकसान भा संपत्ति के

Share

गुजरात में भूकंप

भूकंप विज्ञान अनुसंधान संस्थान (आईएसआर) के मुताबिक, बुध के सबेरे गुजरात के कच्छ जिला में 3.2 तीव्रता के भूकंप आईल। जिला प्रशासन के कहल बा कि कवनो तरह के जानमाल के नुकसान भा संपत्ति के नुकसान के कवनो खबर नइखे. 

इहो पढ़ी: शोधपीठ के त्रैमासिक ई-पत्रिका गोरख पथ के पांचवा संस्करण के कुलपति प्रो. पूनम टंडन कइली विमोचन


समाचार एजेंसी पीटीआई गांधीनगर के आईएसआर के हवाला से कहलस कि, भूकंप सबेरे 10.24 बजे दर्ज भईल बा, जवना के केंद्र भचाऊ से 23 किलोमीटर उत्तर-उत्तर-पूर्व (एनएनई) में बा।  पिछला महीना एह इलाका में 3 तीव्रता से अधिका के चार गो भूकंपीय गतिविधि दर्ज भइल जवना में तीन दिन पहिले आइल 3.2 तीव्रता के भूकंप शामिल बा जवना के केंद्र भी भचाऊ के नजदीक रहे.

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.