दिसंबर में विआह पंचमी आ मोक्षदा एकादशी के साथे आई कई गो व्रत-त्योहार, ईहां देखी पूरा लिस्ट

दिसम्बर के महीना मे व्रत आ परब

Share

 

दिसम्बर के महीना सुरू होखे वाला बा आ एह महीना में बहुते व्रत आ परब भी आई. विआह पंचमी, मोक्षदा एकादशी आ क्रिसमस के अलावा साल के अंतिम महीना में कई गो महत्वपूर्ण व्रत परब होला। दिसम्बर के महीना के सुरुआत मार्गशीर्ष अमावस्या से होई, मने कि महीना के पहिला दिन ही दान आ दान कs के शुभ परिणाम मिल सकेला। एकरा बाद महीना के अंत ले अउरी कई गो परब भी होई। अइसना में दिसंबर में आवे वाला तमाम व्रत आ त्यौहार के बारे में जानीं.

दिसंबर 2024 व्रत-त्योहार 

*मार्गशीर्ष अमावस्या- 01 दिसंबर 2024

*विवाह पंचमी- 06 दिसंबर 2024

*चम्पा षष्ठी- 07 दिसंबर 2024

*भानु सप्तमी- 08 दिसंबर 2024

*मोक्षदा एकादशी, गीता जयंती- 11 दिसंबर 2024

*एकादशी व्रत पारण, मत्स्य द्वादशी- 12 दिसंबर 2024

*प्रदोष व्रत, अनंग त्रयोदशी- 13 दिसंबर 2024

*दत्तात्रेय जयंती- 14 दिसंबर 2024

*अन्नपूर्णा जयंती, मार्गशीर्ष पूर्णिमा, त्रिपुर भैरवी जयंती, धनु

*संक्रांति, खरमास के शुरुआत- 15 दिसंबर 2024

*गणेश चतुर्थी व्रत- 18 दिसंबर2024

*रुक्मिणी अष्टमी- 23 दिसंबर 2024

*क्रिसमस- 25 दिसंबर 2024 –

*सफला एकादशी- 26 दिसंबर 2024

*सुरुप द्वादशी- 27 दिसंबर 2024

*प्रदोष व्रत- 28 दिसंबर 2024

*शिव चतुर्दशी व्रत- 29 दिसंबर 2024

*हनुमान जयंती, अमावस्या- 30 दिसंबर 2024

ग्रह गोचर दिसंबर 2024

शुक्र ग्रह के मकर राशि में गोचर- 2 दिसंबर 2024

मंगल ग्रह के नीच राशि कर्क में गोचर- 7 दिसंबर 2024

बुध ग्रह के वृश्चिक राशि में उदय- 11 दिसंबर 2024

बुध ग्रह के वृश्चिक राशि में मार्गी- 16 दिसंबर 2024

सूर्य ग्रह के धनु राशि में गोचर- 15 दिसंबर 2024

दिसंबर में खरमास शुरू 

कई गो व्रत आ परब के साथे दिसंबर महीना में खरमास भी शुरू हो जाई। खरमास 15 दिसम्बर 2024 से सुरू होई जबकि खरमास मकर संक्रांति के दिन खतम होई। खरमास के समय कवनो भी शुभ काम करे पs रोक होला। एह दौरान विवाह, मुंडन आदि कवनो काम ना होला। मान्यता के अनुसार जब सूर्य बृहस्पति के राशि धनु आ मीन राशि में होखेला तs शुभ ग्रह बृहस्पति के प्रभाव कम हो जाला। शुभ कार्य में बृहस्पति के स्थिति के मजबूत कईल बहुत जरूरी मानल जाला।

एकनाथ शिंदे राज्यपाल के सौंपले इस्तीफा, फडणवीस आ अजित पवार भी रहले मौजूद

 

 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-
 
- Sponsored Ads-