एकनाथ शिंदे राज्यपाल के सौंपले इस्तीफा, फडणवीस आ अजित पवार भी रहले मौजूद

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 26, 2024

  महाराष्ट्र में विधानसभा चुनाव का बाद अब नया सरकार बनावे के तइयारी हो रहल बा. एही बीच आज सीएम एकनाथ शिंदे सबेरे 10:30 से 11 बजे ले राजभवन पहुंचले। एहिजा एकनाथ शिंदे राजभवन, मुंबई

Share

एकनाथ शिंदे राज्यपाल के सौपले इस्तीफा

 

महाराष्ट्र में विधानसभा चुनाव का बाद अब नया सरकार बनावे के तइयारी हो रहल बा. एही बीच आज सीएम एकनाथ शिंदे सबेरे 10:30 से 11 बजे ले राजभवन पहुंचले। एहिजा एकनाथ शिंदे राजभवन, मुंबई में राज्यपाल सीपी राधाकृष्णन के सीएम पद से इस्तीफा दे दिहले. एह मौका पs एकनाथ शिंदे के संगे अजीत पवार अवुरी देवेंद्र फडणवीस भी मौजूद रहले। बता दीं कि महाराष्ट्र विधानसभा चुनाव में भाजपा, शिवसेना आ एनसीपी के महायुति गठबंधन जीत के उभरल बा. हालांकि महाराष्ट्र में मुख्यमंत्री पद के नाव अबे ले तय नईखे भईल। फिलहाल देवेंद्र फडणवीस के अगिला सीएम के रूप में मजबूत दावेदार मानल जाता.

सीएम के नाव तय नइखे

फिलहाल मुंबई से लेके दिल्ली ले बहुत उत्साह बा कि महाराष्ट्र के अगिला सीएम के होई। एकनाथ शिंदे, देवेंद्र फडणवीस आ अजीत पवार सोमार के दिने दिल्ली चहुँप गइलन आ एहिजा बइठक भइल. एही बीच बावनकुले कहले कि जब हमनी के केंद्रीय पर्यवेक्षक अईहे तs पार्टी के विधायिका पार्टी के बैठक होई। अब हमनी के बड़ जीत मिल गईल बा अवुरी हमनी के सरकार बनावे में कवनो जल्दी ना होई, सबकुछ सुचारू रूप से होई। हमनी के सहयोगी दल के नेता अवुरी भाजपा के नेता मिल के तय करीहे कि के मुख्यमंत्री होई।

सबेरे-सबेरे: उठते पीं इs लौंग, इलायची, दालचीनी आ गुड़ वाला हर्बल टी, पुरा दिन रही ताजगी भरल

 

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.