गुजरात में एक अउर पांच दिसंबर के वोटिंग, आठ के हिमाचल चुनाव के साथ आई नतीजा

Share

गुजरात चुनाव दू चरण में होई। एक अउर पांच दिसंबर के मतदान होई। उहवें हिमाचल चुनाव के साथ गुजरात विधानसभा चुनाव के नतीजा भी आठ दिसंबर के जारी होई। चुनाव आयोग के मुताबिक, गुजरात चुनाव में एह बेर 4.9 करोड़ मतदाता मताधिकार के प्रयोग करिहें। मुख्य चुनाव आयुक्त बतवलें कि एह बेर 3.24 लाख मतदाता के पहिला बेर मतदान के मौका मिली।

पहिले चरण में 89 सीट पर मतदान

चुनाव आयोग के मुताबिक, गुजरात में पहिले चरण में 89 सीट पर मतदान होई। उहवें दूसरे चरण में  93 सीट पर मतदान करावल जाई।

गुजरात में दू चरण में मतदान

गुजरात में दू चरणों में चुनाव होई। एक अउर पांच दिसंबर के मतदान होई अउर हिमाचल चुनाव के साथ आठ दिसंबर के नतीजा जारी होई।

3.24 लाख मतदाता पहिला बेर डरिहें वोट

गुजरात चुनाव में 3.24 लाख मतदाता के पहिला बेर मतदान के मौका मिली। ई बात चुनाव आयोग के प्रेसवार्ता के दौरान मुख्य चुनाव आयुक्त बतवलें।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-