Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

स्नातक एमएलसी चुनाव खातिर एक अक्तूबर से तैयार होई वोटर लिस्ट, 17 जिला में बनावल जइहें मतदाता

386

गोरखपुर में निकाय चुनाव के सथही गोरखपुर-अयोध्या खंड स्नातक (एमएलसी) निर्वाचन खातिर तैयारी तेज हो गइल बा। निर्वाचन आयोग वोटर लिस्ट के लेके कवायद शुरू क देहले बा। उहवें, दावेदार लोग जगह-जगह बैनर-होर्डिंग लगवले के सथही अब्बे से वोटर लोग के सहेजे के काम भी शुरू कर दिहले बानें।

जनवरी-फरवरी 2023 में होखे वाला एह चुनाव खातिर एक अक्तूबर 2022 से वोटर लिस्ट बनावे के काम शुरू हो जाई। नए सिरे से वोटर लिस्ट बनावल जाई अउरी ओहमें दर्ज वोटर ही मतदान कर पइहें। सोमार के मुख्य निर्वाचन अधिकारी वीडियो कांफ्रेंसिंग के जरिए तैयारी के जांच कइलें।

गोरखपुर-अयोध्या खंड स्नातक निर्वाचन क्षेत्र के तहत गोरखपुर, बस्ती, आजमगढ़, फैजाबाद अउरी देवीपाटन मंडल के 17 जिला के स्नातक वोटर मतदान कs पइहें। एक नवंबर 2022 से तीन साल पहिले ले स्नातक के डिग्री हासिल करे वाले ही मतदाता बन सकेने। निर्वाचन आयोग के तरफ से जारी कार्यक्रम के मुताबिक, वोटर लिस्ट तैयार करे खातिर एक अक्तूबर 2022 के नोटिफिकेशन जारी होई।

सात नवंबर 2022 तक वोटर बने खातिर आवेदन पत्र जमा करे के अंतिम तिथि तय कइल गइल बा। 19 नवंबर के मतदाता सूची के ड्राफ्ट तैयार करे अउर 23 नवंबर के मतदाता सूची के ड्राफ्ट के प्रकाशन अउरी 23 नवंबर से नौ दिसंबर ले आपत्ति अउर ओकरे निस्तारण अउरी 30 दिसंबर के मतदाता सूची के अंतिम प्रकाशन होई। कमिश्नर गोरखपुर एह निर्वाचन के रिटर्निंग ऑफिसर हवें। वर्तमान में भाजपा के देवेंद्र प्रताप सिंह, गोरखपुर-अयोध्या स्नातक निर्वाचन क्षेत्र से एमएलसी बानें।

गोरखपुर-फैजाबाद स्नातक क्षेत्र में आई ई जिला

बहराईच, गोंडा, बस्ती, सिद्धार्थनगर, गोरखपुर, महराजगंज, देवरिया, आजमगढ़, मऊ, सुल्तानपुर, अमेठी, अयोध्या, कुशीनगर, आंबेडकरनगर, श्रावस्ती, बलरामपुर अउरी संतकबीरनगर।

336630cookie-checkस्नातक एमएलसी चुनाव खातिर एक अक्तूबर से तैयार होई वोटर लिस्ट, 17 जिला में बनावल जइहें मतदाता

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.