गोरखपुर। मंगर के दिन डीएवी पीजी कॉलेज, गोरखपुर में राष्ट्रीय सेवा योजना (NSS) आ रोवर्स-रेंजर्स के संयुक्त तत्वावधान में मतदाता साक्षरता कार्यक्रम के आयोजन कइल गइल। एह कार्यक्रम के संयोजन कार्यक्रम अधिकारी प्रतिभा गुप्ता के ओर से कइल गइल।
कार्यक्रम के सुरुआत में वनस्पति विज्ञान विभाग के डॉ. संजय कुमार पांडेय छात्र-छात्रा से कहलें कि जवन विद्यार्थी 1 जनवरी 2026 के 18 साल के उमिर पूरा कs चुकल बा लोग, ऊ लोग जरूर मतदाता पहचान पत्र बनवावे खातिर फॉर्म-6 भरे। ऊ कहलें कि मतदाता पहचान पत्र लोकतांत्रिक बेवस्था के आत्मा हs, काहे कि एकरे से नागरिक के मतदान के अधिकार सुनिश्चित होला।
एही क्रम में कार्यक्रम अधिकारी डॉ. शत्रुघ्न सिंह बतवलें कि लोकतंत्र के मजबूत बनावे खातिर हर नागरिक के मतदान अधिकार मिलल जरूरी बा। मतदाता पहचान पत्र बनवावल एह दिशा में पहिला आ जरूरी कदम हs।
कार्यक्रम में 1 जनवरी 2026 के 18 बरिस पूरा कs चुकल छात्र-छात्रा खातिर ऑनलाइन आ ऑफलाइन फॉर्म-6 भरला के पूरा प्रक्रिया के विस्तार से जानकारी दिहल गइल। एह प्रक्रिया के सरल तरीका कार्यक्रम अधिकारी प्रतिभा गुप्ता आ डॉ. शत्रुघ्न सिंह द्वारा समझावल गइल।
एह अवसर पs डॉ. रक्षा गुप्ता, डॉ. विश्वदीपक सिंह, डॉ. आशाराम वर्मा सहित कइयन गो शिक्षक लोग मवजूद रहे। साथे आयुष, श्रद्धा, अनमोल, मरियम, दृष्टि सहित सभी स्वयंसेवक आ स्वयंसेविकन के सक्रिय भागीदारी देखे के मिलल।
कार्यक्रम के उद्देश्य छात्र-छात्रा में मतदान के प्रति जागरूकता बढ़ावल आ लोकतांत्रिक मूल्यन के मजबूत बनावल रहल।
Read Also: Katihar Fire : कटिहार में 300 दुकान जल के राख, दुकानदारन के टूटल सपना






