प्रयागराज के मुट्ठीगंज में जर्जर मकान के छज्जा गिरले से पांच लोग के मौत हो गइल। हादसा ओह वक्त भइल जब बारिश से बचे खातिर लोग छज्जा के नीचे स्थित दुकान में बइठल रहे। हादसा में नौ लोग जख्मी भी भइल बा, जेके अस्पताल में भर्ती करावल गइल बा। एहमें से एक के हालत गंभीर बनल बा।
उहवें, हादसा में घायल नीरज बतवलें कि हम अपने दुकान पर रहलीं। बारिश शुरू होइतही रोड पर खड़ा कुछ लोग भागकर हमरे दुकान प आ गइलें अउर बारिश थमले के अगोरे लगलें। अचानक जोरदार धमाका भइल, मानs बम फूटल होखे। केहू कुछ समझ पावत, एहसे पहिलही भारी चीज सिर पर गिरल अउरी फिर आंखी के सोझे अन्हार हो गइल। आंख खुलल त खुद के अस्पताल में पावल।
आखिर के बा एह छज्जा ढहले से भइल मौतन के जिम्मेदार?
मंगर के दुपहर भवन के मलबे के ढेर में दबल चीख के बीच सबके निगाह एह सवाल के जवाब जोहत रहे, लेकिन एहपर भवन के देखरेख करे वाले ट्रस्ट के पदाधिकारियन से ले के नगर निगम के अफसरन तक के होठ सिया गइल बा। नगर निगम के जर्जर भवन की सूची में भी ई दर्ज नाइ बा। एहलिए एह भवन के खाली करवलें खातिर नगर निगम के ओर से नोटिस ले जारी नाइ कइल गइल रहे।
हटिया चौराहा पर छह बिस्वा रकबे में बनल जौने सौ साल से भी अधिक पुरान जर्जर भवन में ई दिल दहलाबे वाला हादसा भइल ओकर देखरेख ठाकुर ट्रस्ट की ओर से कइल जात रहल। सात दुकान अउर छह आवास वाले एह भवन के पश्चिमी बरचा गिरला से पांच लोग के मौत से शहर मे सबके काठ मार गइल बा।
Post Views: 4