Virat Kohli: जन्मदिन पs विराट कोहली के मिलल खास तोहफा, सामने आइल दिल जीत लेवे वाला वीडियो, देखीं 

Share

भारतीय टीम के स्टार बल्लेबाज विराट कोहली विकेट पs समय बितावे खातिर संघर्ष करत दिख रहल बाड़ें। हाले में न्यूजीलैंड के खिलाफ खेलल गइल तीन मैचन के टेस्ट सीरीज में ऊ खाली 93 रन बना पवलें। उनकर ई खराब दौर जन्मदिन से ठीक पहिले आइल बा। अब हर केहू उनका फॉर्म में वापसी के दुआ कs रहल बा। एह बीच एगो फैन उनका के खास तोहफा दिहल, जेमें उनका ईश्वर के आसिरबाद मिलल।

 

कब बा कोहली के जन्मदिन?

धाकड़ बल्लेबाज विराट कोहली पांच नवंबर के आपन 36वां जन्मदिन मना रहल बाड़ें। एकरा पहिले सोशल मीडिया पs एगो वीडियो बहुत तेजी से वायरल हो रहल बा, जेमे एगो फैन उनका के हनुमान जी के तस्वीर तोहफा में देलें। किंग कोहली हनुमान जी के भक्त हवे। वीडियो में देखल जा सकत बा कि भगवान के तस्वीर पाके कोहली के चेहरा कइसे खिल जात बा। उनका ई तोहफा बहुत पसंद आइल।

कोहली कs चुकल बाड़ें नीब करौरी बाबा के दर्शन

पूर्व भारतीय कप्तान विराट कोहली अध्यात्म में विश्वास रखेलें। नवंबर, 2022 में ऊ उत्तराखंड इस्थित कैंची धाम में बाबा नीब करौरी महाराज के दर्शन कइले रहस। एह दौरान उनका संगे उनकर पत्नी अनुष्का आ बेटी वामिका मवजूद रहली। बाबा नीब करौरी महाराज के हनुमान जी के रूप मानल जाला। कोहली अक्सर अपना पत्नी के संगे भजन-कीर्तन में भाग लेत लउकेलें।

कोहली के मवजूदा प्रदर्शन

बात करीं उनका मवजूदा प्रदर्शन के तs स्टार बल्लेबाज पिछआ कुछ पारियन में खास प्रदर्शन नइखन कs पाइल। उनका विकेट पs टिके खातिर संघर्ष करे के पड़ रहल बा। स्पिन गेंदबाजन के खिलाफ कोहली के बल्ला खामोश हो जाला। न्यूजीलैंड के खिलाफ तीन मैचन के छव पारियन में उनकर औसत 15.50 के रहल रहे।

भारत के न्यूजीलैंड से मिलल रहे करारी हार

भारतीय बल्लेबाजन के लचर प्रदर्शन के कारण न्यूजीलैंड तीन मैचन के टेस्ट सीरीज पs 0-3 से कब्जा जमा लेलस। भारत अपना घर में दु भा एकरा से जादे मैचन के टेस्ट सीरीज में दूसरका बेर क्लीन स्वीप भइल। एकरा पहिले फरवरी 2000 में दक्षिण अफ्रीका भारत के दु मैचन के सीरीज में 2-0 से हरवले रहे। ओहिजा, भारत अपना घर में तीन भा एकरा से जादे मैचन के टेस्ट सीरीज में पहिला बेर क्लीन स्वीप भइल।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-