आईपीएल 2025 के ट्रॉफी जीतला के बाद रॉयल चैलेंजर्स बेंगलुरु टीम चार जून के बेंगलुरु चहुँप गइल जहाँ ओकरा विधान सौधा से एम. चिन्नास्वामी स्टेडियम ले जीत परेड में भाग लेबे के पड़ल. कर्नाटक के मुख्यमंत्री जहां विधान सौधा में आरसीबी के खिलाड़ियन के सम्मानित कईले, उहें ओकरा तुरंत बाद जीत के परेड शुरू होखे के रहे, बाकिर बहुत संख्या में प्रशंसक के अईला के चलते भगदड़ मच गईल, जवना में करीब 11 लोग के मउत हो गईल। अब विराट कोहली भी एs दुर्घटना पs प्रतिक्रिया देले बाड़े, जवना में उs सोशल मीडिया पs एगो पोस्ट शेयर कs के आपन भावना जतवले बाड़े।
हमरा लगे कवनो शब्द नइखे कहे के
आरसीबी टीम के 18 साल में पहिला बेर आईपीएल के ट्रॉफी जीतला के बाद विराट कोहली सबसे खुश लउकत बाड़न जवन पहिला सीजन से अबले एह टीम के साथे खेलत बाड़न. कोहली एह जीत के भी ट्रॉफी जीतला के बाद बंगलौर के प्रशंसकन के जीत बतवले रहले। अब विक्ट्री परेड खातिर उम्मीद से अधिका प्रशंसक अइला के बाद भगदड़ में 11 लोग के मउत के बाद कोहली सोशल मीडिया प्लेटफार्म इंस्टाग्राम पs आरसीबी फ्रेंचाइजी के आधिकारिक बयान पोस्ट कइले बाड़न जवना का साथे ऊ कैप्शन में लिखले बाड़न कि हमरा लगे कवनो शब्द नइखे कहे के. हम तs पूरा तरह से टूट गईल बानी।
विराट कोहली एक बेर फेरु बल्लेबाजी से आपन जादू देखवले
कोहली के बल्लेबाजी के साथ आरसीबी के पहिला आईपीएल ट्रॉफी जीते में मदद करे में महत्वपूर्ण योगदान रहल, उs 15 मैच में कुल 657 रन के औसत 54.75 के स्कोर से बनवले, जवना में विराट कोहली के बल्लेबाजी से 8 गो आधा शतक के पारी शामिल रहे। कोहली के स्ट्राइक रेट 144.71 रहल, एकरा अलावे उनुकर 73 रन के सबसे बढ़िया नाबाद पारी उनुका बल्ले से देखल गईल। कोहली भी फाइनल मैच में बल्लेबाजी के साथ 43 रन के सबसे जादा पारी खेलले।
इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: आंख के बनावल चाहत बानी खूबसूरत आ तेज तs रोज करीं इs 3 गो योगासन