IPL 2025 Final: सुपर स्ट्राइकर वैभव सूर्यवंशी के मिलल टाटा कर्व कार, बाकिर चला ना सकिहें; जानीं का बा कारण

By Anurag Ranjan

Published on: Jun 4, 2025

स्पोर्ट्स डेस्क: राजस्थान रॉयल्स के युवा स्टार बल्लेबाज वैभव सूर्यवंशी के सुपर स्ट्राइकर ऑफ द सीजन अवॉर्ड से नवाजल गइल बा। एह अवॉर्ड के संगे उनका टाटा कर्व कार इनाम के तौर पर मिलल बा।

Share

स्पोर्ट्स डेस्क: राजस्थान रॉयल्स के युवा स्टार बल्लेबाज वैभव सूर्यवंशी के सुपर स्ट्राइकर ऑफ द सीजन अवॉर्ड से नवाजल गइल बा। एह अवॉर्ड के संगे उनका टाटा कर्व कार इनाम के तौर पर मिलल बा। बिहार के लाल एह सत्र में कमाल के प्रदर्शन कइलें, जवना के अब उनका फल मिलल बा।

आईपीएल में सबसे तेज शतक लगावे वाला भारतीय बनल रहस वैभव

वैभव सूर्यवंशी के पहिला सत्र सानदार रहल। राजस्थान रॉयल्स खातिर खेलत ऊ कइयन गो तूफानी पारी खेललें। बायां हाथ के बल्लेबाज वैभव 28 अप्रिल के गुजरात टाइटंस के खिलाफ 38 गेना में 101 रन के पारी खेलले रहस। एह दौरान ऊ 11 गो छक्का आ सात गो चौका लगवले रहस। ऊ आईपीएल में शतक लगावे वाला सबसे युवा भारतीय बल्लेबाज बनल रहस। संगही ऊ आईपीएल में सबसे तेज शतक लगावे वाला भारतीय बनल रहस। ऊ यूसुफ पठान के रिकॉर्ड तुड़लें।

इनाम में मिलल कार ना चला पइहें वैभव

आईपीएल के अपना पहिला सीजन में वैभव कुल सात मैच खेललें। एमे ऊ 206.55 के स्ट्राइक रेट से 252 रन बनवलें। एह दौरान ऊ एगो शतक आ एगो अर्धशतक ठोकलें। एह सानदार प्रदर्शन खातिर उनका के सुपर स्ट्राइकर ऑफ द सीजन के अवॉर्ड से नवाजल गइल। एकरा अलावे उनका के टाटा कर्व कार दिहल गइल। दिलचस्प बात ई बा कि वैभव एह कार के चला ना सकिहें। एकर सबसे बड़ कारण उनकर उमिर बा। दरअसल, अभी ऊ मात्र 14 साल के बाड़ें आ उनकर ड्राइविंग लाइसेंस नइखे बनल।

वैभव बिखेरलें चमक

वैभव अपना आईपीएल करिअर के पहिला गेना पs शार्दुल ठाकुर के सामना कइले रहस आ पहिलके गेना पs छक्का लगाके बता देलें कि उनका में केतना प्रतिभा बा। पहिलके आईपीएल मैच में 20 गेना में 34 रन के पारी वैभव के प्रतिभा के बानगी पेश कइलस। ऊ एह सीजन सात मैचन में 206.55 के स्ट्राइक रेट से 252 रन बनवलें। एमे एगो शतक आ एगो अर्धशतक सामिल बा। उनकर स्ट्राइक एह सीजन सात भा ओकरा से जादे खेले वालन में दूसरका सर्वश्रेष्ठ रहल।

Read Also: South Korea: राष्ट्रपति चुनाव में म्युंग हासिल कइलें जीत, मार्शल लॉ लगावे वाला ये ओल के पार्टी के करारी हार

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.