Vijay Hazare Trophy : विदर्भ पहिला बेर चैंपियन बनल, ऑलराउंड खेल से सौराष्ट्र के 38 रन से हरवलस

Vidarbha team celebrating Vijay Hazare Trophy 2026 victory after defeating Saurashtra in final

Share

स्पोर्ट्स डेस्क। विजय हजारे ट्रॉफी के फाइनल मुकाबला में विदर्भ इतिहास रच देलस। अथर्व तायडे के शतकीय पारी आ गेंदबाजन के सानदार सामूहिक प्रदर्शन के बदौलत विदर्भ, सौराष्ट्र के 38 रन से हराके पहिला बेर विजय हजारे ट्रॉफी के खिताब अपना नावे कs लेलस। रोमांचक मुकाबला में जहां तायडे के बल्ला मैच के दिशा तय कइलस, ओहिजा अनुशासित गेंदबाजी आखिरी में सौराष्ट्र के चुनौती रोक देलस।

विदर्भ के पारी

फाइनल में पहिले बल्लेबाजी करत विदर्भ 50 ओवर में 8 विकेट पs 317 रन के मजबूत स्कोर खड़ा कइलस। विदर्भ के पारी के हीरो रहलें अथर्व तायडे, जे 118 गेना में 128 रन के जबरदस्त शतकीय पारी खेललें। एह पारी में 15 चौका आ 3 छक्का सामिल रहे। तायडे सुरू में संभर के खेललें, फेर बाद में आक्रामक तेवर देखवलें।

तायडे के संगे यश राठौड़ 61 गेना में 54 रन बनाके दूसरा विकेट खातिर 133 रन के अहम साझेदारी कइलें। ओपनर अमन मोखाड़े (33 रन) के संगे तायडे के 80 रन के भागीदारी भइल। तायडे के आउट होखला के बाद मिडिल आ लोअर ऑर्डर के बल्लेबाज छोट-छोट बाकिर काम के जोगदान देके टीम के स्कोर 300 के पार पहुंचा दिहल लोग।

सौराष्ट्र के पारी

317 रन के लक्ष्य के पीछा करे उतरल सौराष्ट्र के सुरुआत बहुते खराब रहल आ टीम मात्र 30 रन पs दू विकेट गंवा बइठल। एकरा बाद प्रेरिक मांकड़ आ चिराग जानी पारी संभारत संघर्षपूर्ण बल्लेबाजी कइल लोग। मांकड़ 92 गेना में 88 रन बनवलें, जबकि जानी 63 गेना में 64 रन के पारी खेललें। पांचवां विकेट खातिर दुनो के बीच 93 रन के साझेदारी भइल, जवना से सौराष्ट्र के उम्मीद जिंदा रहल।

हालांकि, विदर्भ के सधी आ अनुशासित गेंदबाजी मुकाबला में जोरदार वापसी कइलस। यश ठाकुर 4 विकेट चटकवलें, जबकि नचिकेत भूटे 3 विकेट लेलें आ दर्शन नालकंडे अहम विकेट गिरवलें। आखिरकार सौराष्ट्र के पूरा टीम 48.5 ओवर में 279 रन पs सिमट गइल।

एह तरे विदर्भ 38 रन से जीत दर्ज करत पहिला बेर विजय हजारे ट्रॉफी के चैंपियन बन गइल।

सीजन विजेता
2007/08 सौराष्ट्र
2008/09 तमिलनाडु
2009/10 तमिलनाडु
2010/11 झारखंड
2011/12 बंगाल
2012/13 दिल्ली
2013/14 कर्नाटक
2014/15 कर्नाटक
2015/16 गुजरात
2016/17 तमिलनाडु
2017/18 कर्नाटक
2018/19 मुंबई
2019/20 कर्नाटक
2020/21 मुंबई
2021/22 हिमाचल
2022/23 सौराष्ट्र
2023/24 हरियाणा
2024/25 कर्नाटक
2025/26 विदर्भ

Read Also: Spain Train Accident : दक्षिणी स्पेन में बड़ दुर्घटना, दू गो हाई-स्पीड ट्रेन टकराइल, 20 के मौत- 73 घायल

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-