[the_ad_group id="30365"]

Saina Nehwal Retirement : ओलंपिक पदक विजेता साइना नेहवाल कइली संन्यास के एलान, कहली- अब नइखी खेल सकत

Saina Nehwal announces retirement from professional badminton
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

स्पोर्ट्स डेस्क। ओलंपिक में भारत खातिर पदक जीत चुकल दिग्गज बैडमिंटन खिलाड़ी साइना नेहवाल अब प्रतिस्पर्धी बैडमिंटन से संन्यास ले लेले बाड़ी। सोमार के दिने साइना खुद एह बात के एलान कइली कि अब उनकर देह एलीट लेवल के खेल के भारी शारीरिक दबाव झेले लायक नइखे बचल। लमहर समय से घुटना के गंभीर परेसानी से जूझ रहल साइना कहली कि अब खेल जारी रखल मुमकिन नइखे।

2023 में खेलले रहली आखिरी मैच

लंदन ओलंपिक 2012 में कांस्य पदक जीत चुकल साइना नेहवाल आखिरी बेर 2023 में सिंगापुर ओपन में मुकाबला खेलले रहली। हालांकि, ओह समय ऊ औपचारिक तौर पs संन्यास के घोषणा ना कइले रहली।

हाले में एगो पॉडकास्ट में बातचीत करत साइना आपन फैसला खुल के बतइली। ऊ कहली, “हम त दू साल पहिलही खेल छोड़ देले रहनी। हमरा लागल कि जइसे हम अपना दम पर एह खेल में अइनी, ओइसही अपना फैसला से बाहर निकलल ठीक रही, एह से अलग से संन्यास के एलान जरूरी ना बुझाइल।”

घुटना के गंभीर दिक्कत बनल वजह

पूर्व विश्व नंबर एक खिलाड़ी बतवली कि उनका घुटना के कार्टिलेज पूरा तरे से घिस गइल बा आ आर्थराइटिस हो गइल बा। एह वजह से लमहर समय तक आ तेज ट्रेनिंग कइल संभव ना रहे।

साइना कहली, “डॉक्टर लोग साफ-साफ कह दिहल कि कार्टिलेज अब बचले नइखे। हम अपना माई-बाबूजी आ कोच के बता देनी कि सायद अब आगे खेल सकल मुश्किल होई।”

ऊ कहली कि लोग धीरे-धीरे खुदे समझ जाई कि ऊ अब कोर्ट पर नजर ना आवे वाला बाड़ी। साइना के कहनाम रहे, “जब देह साथ ना देवे, तs ओह जगह रुक गइला में कवनो बुराई नइखे।”

ट्रेनिंगो हो गइल मुश्किल

साइना बतवली कि पहिले ऊ रोज 8-9 घंटा ट्रेनिंग कs लेत रही, बाकिर बाद में एके-दु घंटा में घुटना सूज जाए लागल। ऊ कहली, “अब घुटना पहिले जइसन साथ नइखे देत, एह से तय कइनी कि अब बस, बहुत हो गइल।”

चोट से जूझत रहल बा करियर

रियो ओलंपिक 2016 के दौरान लागल गंभीर घुटना चोट से साइना के करिअर बहुते प्रभावित भइल। हालांकि, ऊ जबरदस्त वापसी करत 2017 में वर्ल्ड चैंपियनशिप के कांस्य पदक आ 2018 में कॉमनवेल्थ गेम्स में स्वर्ण पदक जीतली। बाकिर घुटना के परेसानी बेर-बेर उनकर रास्ता रोकत रहे।

2024 में साइना खुद खुलासा कइली कि उनकर घुटना में आर्थराइटिस बा आ कार्टिलेज पूरा तरे खत्म हो गइल बा, जवना के चलते शीर्ष स्तर पs खेलल लगभग नामुमकिन हो गइल।

Read Also: Solar Eclipse 2026 : एह दिन लागे वाला बा साल के पहिला सूर्य ग्रहण, तारीख आ समय नोट कs लीं

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]