Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

BSNL से पहिले लॉन्च होई Vi के 5G सर्विस, Jio-Airtel के बढ़ टेंशन

36

 

अगर आप अपना स्मार्टफोन में वोडाफोन आइडिया सिम के इस्तेमाल करतानी तs आपके खातीर एगो निमन खबर बा। वी बीएसएनएल से पहिले भारतीय उपयोगकर्ता खातीर 5जी सेवा शुरू कs सकता। वी के ओर से 5जी सेवा शुरू करे के समय सीमा तय कईल गईल बा। वी के मुताबिक भारत में यूजर के मार्च 2025 से हाई स्पीड इंटरनेट कनेक्टिविटी मिले लागी।

वी के मुताबिक एकर 5जी सेवा सबसे पहिले दिल्ली अवुरी मुंबई शहर में शुरू होई। हाल ही में वी द्वारा घोषणा कइल गइल बा कि मार्च 2025 ले देश के लगभग 17 गो सर्कल में 5जी सेवा शुरू हो जाई। अगर निर्धारित समय सीमा ले वी के 5जी सेवा शुरू हो गईल तs एकरा से बीएसएनएल खातीर परेशानी बढ़ सकता।

बीएसएनएल नेटवर्क के सुधारे में लागल रहे

बता दीं कि बीएसएनएल फिलहाल 4जी नेटवर्क के मरम्मत पs तेजी से काम करतिया। सरकारी दूरसंचार कंपनी के कहनाम बा कि उs अपना 4जी टावर के अयीसन डिजाइन बनावतिया कि बाद में एकर इस्तेमाल 5जी नेटवर्क खातीर आसानी से कईल जा सकता। बीएसएनएल खातिर अबे 5जी लागू करे खातिर बहुत समय बा बाकिर, जदी वी मार्च में 5जी सेवा शुरू करी तs महंगा योजना से बचे खातीर यूजर वी पs शिफ्ट हो सकतारे।

कुछ रिपोर्ट में कहल जाता कि वी के 5जी नेटवर्क के स्पीड जियो अवुरी एयरटेल से कम हो सकता। बाकिर, वी के कहनाम बा कि उs इंडस टावर्स, ATC अवुरी टावर विजन के सहयोग से आपन काम आगे बढ़ावता, एहसे यूजर के नेटवर्क क्वालिटी में कवनो समस्या के सामना ना करे के पड़ी।

 

 

 

991650cookie-checkBSNL से पहिले लॉन्च होई Vi के 5G सर्विस, Jio-Airtel के बढ़ टेंशन

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.