एंटरटेनमेंट डेस्क। मशहूर गायिका आशा भोसले अब एह दुनिया में ना रहली। 92 बरिस के उमिर में ऊ आपन आखिरी सांस लेली।
आशा भोसले ब्रीच कैंडी अस्पताल में भरती रहली। सनिचर के उनकर तबीयत अचानक खराब हो गइल, जवना के बाद उनका के अस्पताल ले जाइल गइल रहे। फैंस उनकर ठीक होखे खातिर दुआ करत रहे लोग, बाकिर अब उनका निधन के खबर से पूरा इंडस्ट्री आ चाहेवाला लोग सदमा में बा।
एएनआई के मोताबिक, डॉ प्रतीत समानी जानकारी देत कहलें कि “आशा भोसले आज ब्रीच कैंडी अस्पताल में आखिरी सांस लेली। मल्टी-ऑर्गन फेलियर के चलते उनकर निधन भइल।”
काल्ह होई अंतिम संस्कार
आशा भोसले के बेटा आनंद भोसले एह खबर के पुष्टि कइले बाड़ें। ऊ बतवलें कि “हमार मां आशा भोसले आज हमनी के छोड़ के चल गइली। काल्ह सबेरे 11 बजे लोअर परेल के कासा ग्रांडे में लोग अंतिम दर्शन कs सकेला। सांझ चार बजे शिवाजी पार्क में उनकर अंतिम संस्कार होई।”
आशा भोसले के निधन के खबर से पूरा फिल्म इंडस्ट्री में शोक के लहर दउड़ गइल बा। फैंस आ कलाकार लोग उनका के श्रद्धांजलि दे रहल बा।
चेस्ट इन्फेक्शन से रहली पीड़ित
बीतल सांझ आशा भोसले के ब्रीच कैंडी अस्पताल में भरती करावल गइल रहे। उनकर पोती जनाई भोसले सोशल मीडिया पs बतवले रहली कि उनका दादी के चेस्ट इन्फेक्शन हो गइल बा आ अस्पताल में इलाज चल रहल बा। अब उनका निधन से पूरा इंडस्ट्री के बड़ झटका लागल बा।
सात दशक तक आपन आवाज से सिनेमा जगत पs राज करे वाली आशा भोंसले आज भलही हमनी के बीच नइखी, बाकिर उनकर गीत हमेसा लोगन के दिल में जिंदा रही।









