गोरखपुर में आज ट्रैफिक डायवर्जन:DDU आ कलेक्ट्रेट के तरफ ना जाई गाड़ी, निकाय चुनाव मतगणना के लेके बदलल बेवस्था

Anurag Ranjan

गोरखपुर में निकाय चुनाव के मतगणना के लेके ट्रैफिक पुलिस रूट डायवर्जन जारी कइले बा। ई डायवर्जन आज माने 13 मई के सबेरे 5 बजे से मतगणना खतम होखे तक लागू रही। एह दौरान गोरखपुर विश्वविद्यालय आ सदर तहसील के तरफ कवनो वाहन ना जाई। मतगणना में लगे अधिकारी, कर्मचारी, एजेंट आ सुरक्षाकर्मियन के वाहन निर्धारित पार्किंग स्थल में खड़ा होई।

एह रास्तन से मिली प्रवेश

  • प्रत्याशी,एजेंट आ मीडियाकर्मियन के प्रवेश विश्वविद्यालय के प्राचीन इतिहास विभाग गेट से होई।
  • मतगणनाकर्मी आ पुलिसकर्मी  मुख्य गेट से विश्वविद्यालय परिसर में दाखिल होई लो।
  • सब प्रकार के वाहनन के निकास मुख्य गेट से होई।

इहां खड़ा होई वाहन

  • मतगणनाकर्मी आ पुलिसकर्मियन के वाहन संवाद भवन से हाइडिल तिराहा के बीच सड़क किनारे खड़ा होई।
  • एजेंट आ मीडियाकर्मियन के वाहन इतिहास विभाग के सामने आ स्टेडियम के सामने खड़ा होई।
  • प्रशासन आ पुलिस अधिकारियन के वाहन हेलीपैड के लगे खड़ा होई।
  • सदर तहसील में जाये वाला मतगणनाकर्मी,मीडिया कर्मी, एजेंट आ पुलिस वालन के वाहन पुरान कलेक्ट्रेट परिसर में खड़ा होई।

एह रास्तन पs रही डायवर्जन

  • छात्रसंघ चौराहा से विश्वविद्यालय के तरफ खाली मतगणनाकर्मी आ अधिकारियन के वाहन विश्वविद्यालय के तरफ आई।
  • आयकर भवन तिराहा के तरफ से विश्वविद्यालय के तरफ खाली दु पहिया वाहन आई।
  • जागरण तिराहा के तरफ से विश्वविद्यालय के तरफ खाली मतगणनाकर्मी आ अधिकारियन के वाहन जाई।
  • रोडवेज के बस मोहद्दीपुर- पैडलेगंज होखत गंतव्य के ओर जाई।
  • तमकुही तिराहा से कचहरी के तरफ खाली दु पहिया वाहन जाई।
  • कचहरी चौराहा से खाली दु पहिया वाहनन के तमकुही आवे दिहल जाई।
Share This Article
Content Creator
Follow:
सिविल इंजीनियर, भोजपुरिया, लेखक, ब्लॉगर आ कमेंटेटर। खेल के दुनिया से खास लगाव। परिचे- एगो निठाह समर्पित भोजपुरिया, जवन भोजपुरी के विकास ला लगातार प्रयासरत बा। खबर भोजपुरी के एह पोर्टल पs हमार कुछ खास लेख आ रचना रउआ सभे के पढ़े के मिली। रउआ सभे हमरा के आपन सुझाव anuragranjan1998@gmail.com पs मेल करीं।