Delhi : दिल्ली के ए इलाकन में आजु आ काल रही पानी के किल्लत, जल बोर्ड करी इ काम

By Anurag Ranjan

Published on: May 13, 2023

जल बोर्ड के मायापुरी टैपिंग स्लाइस वाल्व आ पोसंगीपुर स्थित मायापुरी मेन लाइन में लीकेज हो गइल बा। एकरा चलते नई दिल्ली समेत बाकी इलाका में दु दिन तक पीये के पानी के आपूर्ति प्रभावित

Share

जल बोर्ड के मायापुरी टैपिंग स्लाइस वाल्व आ पोसंगीपुर स्थित मायापुरी मेन लाइन में लीकेज हो गइल बा। एकरा चलते नई दिल्ली समेत बाकी इलाका में दु दिन तक पीये के पानी के आपूर्ति प्रभावित होई। दिल्ली जल बोर्ड शनिचर आ अतवार के दिने मरम्मत करी।

जल बोर्ड के अनुसार नई दिल्ली, केशोपुर, नसीरपुर, सीतापुरी, कालीमाता मंदिर, पंखा रोड, जनकपुरी, मायापुरी, सागरपुर, सदर बाजार, झरेड़ा, शंकर विहार, महिपालपुर, आरकेपुरम, मोती बाग, नानक पुरा, वसंत विहार, वसंत एन्क्लेव, शांति निकेतन, वेस्टेंड कॉलोनी, आनंद निकेतन, एम्स, सफदरजंग अस्पताल, सफदरजंग एन्क्लेव, कटवारिया सराय, किशन गढ़, मुनिरका, जेएनयू, महरौली, आईआईटी, ग्रीन पार्क, डियर पार्क आदि इलाकन में शनिचर आ अतवार के पेयजल आपूर्ति प्रभावित रही।

 

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.