अनोखा डाक कांवड़: गंगोत्री से रामेश्वरम तक 3000 km के यात्रा करिहें 109 कांवड़िया, मकसद बा किसान के खुसहाली

Share

मध्य प्रदेश के 109 युवा किसान देसभर के किसानन के कल्याण खातिर सबसे लमहर कांवड़ यात्रा पs लेके निकलल बा लो। गंगोत्री से रामेश्वरम तक करीब तीन हजार किमी लमहर यात्रा के उद्देश्य देस अउर किसान के खुसहाली बा।

सनातन धर्म के प्रचार करे खातिर निकलल बा लो

इंदौर के तिल्लौर खुर्द गांव के 109 युवा संकल्प के साथे घर से निकलल बा लो। उत्तराखंड के गंगोत्री से तीन जुलाई के गंगाजल लेके 17 जुलाई के तमिलनाडु के रामेश्वरम में जलाभिषेक करी लो।

बियफे के दिल्ली-देहरादून हाईवे से गुजर रहल युवा बहुते उत्साहित नजर अइलें। एह दौरान मुजफ्फरनगर में टीम में सामिल नितिन कुमार बतवलें कि कांवड़ लेके चल रहल टीम में अधिकतर किसान परिवार से बा लो। आलू के खेती करेला लो।

युवा बतावल लो कि सब 12 ज्योर्तिलिंग पs कांवड़ ले जाये के बा, एकरा खातिर 12 साल के समय सब लोग मिलके तय कइलें बा। ओकर उद्देश्य सनातन धर्म के प्रचार करे के बा।

15 लाख रुपिया होई खरच, एह तरे चल रहल बा यात्रा

डाक कांवड़ यात्री नितिन चौहान बतवलें कि उनका काफिला में चार गो बड़ ट्रक, तीन गो कार अउर पांच गो बाइक समेत कइयन गो गाडी बा। यात्रा पs करीब 15 लाख रुपिया खरचा होंlई।

रामलाल पाटीदार अउर राजेश गोयला बतावल लो कि टीम के 50-50 सदस्यन के ग्रुप में बांटल गइल बा। सब केहू अपना गाड़ी में खाये-पीये के बेवस्था लेके चलत बा लो।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-