Mahakumbh: सीएम योगी के दौरा आजु, सामने आइल पूरा शेड्यूल

सीएम योगी

Share

भव्य महाकुंभ के आयोजन उत्तर प्रदेश के प्रयागराज में हो रहल बा।  अब ले 35 करोड़ से अधिका लोग महाकुंभ पहुंच के गंगा, यमुना आ सरस्वती के त्रिवेणी संगम में नहा चुकल बाड़े।  बसंत पंचमी के दिन महाकुंभ के अमृत स्नान खातिर प्रयागराज में भारी भीड़ देखल गइल बा।  अमृत ​​स्नान के देखत सीएम योगी सबेरे साढ़े तीन बजे से अपना आधिकारिक आवास के वॉर रूम  में बैठक करत रहले।  संगही अब जानकारी सोझा आईल बा कि खुद सीएम योगी मंगल के मतलब आजु प्रयागराज महाकुंभ पहुंचे वाला बाड़े।

सीएम योगी के महाकुंभ दौरा के कार्यक्रम

उत्तर प्रदेश के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ मंगल 4 फरवरी 2025 के प्रयागराज में चलत महाकुंभ के दौरा करीहे।  महाकुंभ 2025 के मीडिया सेंटर सीएम योगी के एह यात्रा के संबंध में पूरा कार्यक्रम जारी कइले बा। 

इहो पढ़ीं: भक्तिमय सोमार: ‘श्रद्धा के सागर’ एs शक्तिपीठ पs देवी के गोद भराई से होला संतान के प्राप्ति, माता ‘सप्तश्रृंगी देवी मंदिर’

मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ मंगल के सुबेरे 10:10 बजे प्रयागराज पहुंचिहें
सीएम योगी संगम नोज, अक्षयवट आ हनुमान मंदिर में दर्शन आ पूजन करिहें।
सीएम योगी डिजिटल महाकुंभ एक्सपीरिएंस सेंटर सेक्टर-3 के भ्रमण करिहें।
सीएम योगी त्रिवेणी संकुल जइहें।
एकरा बाद मुख्यमंत्री योगी 3:15 बजे लखनऊ खातीर प्रस्थान करिहें।

अब तक केतना लोग नहा चुकल बा?

उत्तर प्रदेश के प्रयागराज में चलत महाकुंभ में अब ले 35 करोड़ से अधिका लोग त्रिवेणी संगम में नहा चुकल बा।  बता दीं कि अनुमान के मुताबिक महाकुंभ में करीब 40 करोड़ लोग के भाग लेवे के उम्मीद रहे।  हालांकि, इs आंकड़ा एकरा से बहुत जादे जा सकता।  महाकुंभ 13 जनवरी से शुरू भइल रहे।  एकरा साथे ही 26 फरवरी के खतम हो जाई


इहो पढ़ीं: चौरी चौरा घटना : भारत के स्वतंत्रता संग्राम में एगो दुःखद मोड़

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-