केदारनाथ मंदिर में मोबाइल बैन: महिला ब्लॉगर के प्रपोजल वाला वीडियो के बाद फैसला; श्रद्धालुअन के शालीन कपड़न में आवे के कहल गइल बा

Share

केदारनाथ मंदिर में मोबाइल फोन ले जाये पs बैन लगा दिहल गइल बा। मंदिर परिसर में श्रद्धालु अब ना तs तस्वीर ले सकी लो आ ना वीडियो बना सकी लो। ई फैसला बद्री-केदारनाथ मंदिर समिति (BKTC) लेले बा।

कुछ दिनन पहिले एगो महिला ब्लॉगर मंदिर के सामने अपना प्रेमी के प्रपोज कइले रहे। वीडियो वायरल होखला के बाद मंदिर प्रशासन नाराजगी जाहिर कइले रहे। एही के लेके मंदिर समिति ई फैसला लेले रहे।

श्रद्धालुअन के मंदिर में शालीन कपड़ा पहिन के आवहू खातिर कहल गइल बा। संगही मंदिर परिसर में तम्बू भा शिविर ना लगावे के निरदेस दिहल गइल बा। आदेस के पालन ना करे वालन के खिलाफ कानूनी कार्रवाई कइल जाई।

फोटोग्राफी आ वीडियोग्राफी पूरा तरे से बैन

मंदिर परिसर में जगह-जगह बोर्ड लगावल गइल बा, जवना पs लिखल गइल बा कि मोबाइल फोन के संगे मंदिर परिसर में प्रवेश मत करीं। इहां फोटोग्राफी आ वीडियोग्राफी पूरा तरे से बैन बा। रउआ सीसीटीवी कैमरा के निगरानी में बा।

हाले में मंदिर के गर्भ गृह में जाये से पहिले श्रद्धालुअन के मोबाइल फोन बंद करावे के आदेस जारी कइल गइल बा, बाकिर अब पूरा मंदिर परिसर में मोबाइल पs बैन लगा दिहल गइल बा।

बद्रीनाथ में जल्दिये मोबाइल पs बैन लगावल जाई 

BKTC अध्यक्ष अजेंद्र अजय कहलें कि ई धार्मिक स्थान हs, जहां लोग बहुते आस्था से आवेला। भक्तन के ओकर सम्मान करे के चाहीं। ऊ कहलें कि बद्रीनाथ धाम से अभी तक कवनो शिकायत नइखे आइल, बाकिर उहां अइसन बोर्ड लगावल जाई।

साभार: दैनिक भास्कर

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-