[the_ad_group id="30365"]

Ram Temple Construction: अयोध्या में तेजी से हो रहल बा राम मंदिर निर्माण, जानि अबे ले केतना भइल काम… केतना बाकी?

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

 

अयोध्या : उत्तर प्रदेश के अयोध्या में बरसात के मौसम अवुरी नम गरमी के बीच में राम मंदिर निर्माण के काम युद्ध के आधार पs चलता। राम मंदिर के पहिला चरण के काम लगभग पूरा हो चुकल बा, जवना के बाद कारीगर अब पहिला मंजिल पs खंभा में मूर्ति लगावे के काम में लागल बाड़े। एह काम में मजदूरन के संख्या बढ़ावल गइल बा। एकरा संगे मंदिर के निर्माण में भी काम के समय बढ़ावल गईल बा, यानी मंदिर के निर्माण में लागल कारीगर भी चाहतारे कि भगवान राम 15 से 25 जनवरी 2024 के बीच इहाँ बईठस।

राम मंदिर के निर्माण में लागल प्रोजेक्ट मैनेजर विनोद कुमार मेहता के कहनाम बा कि ए साल दिसंबर ले पूरा पहिला मंजिल के काम पूरा हो जाई। एकरा बाद राम भक्त मंदिर के दर्शन कs सकेलें। हालांकि वर्तमान में मंदिर के निर्माण में फिनिशिंग के काम हो रहल बा। खंभा पs मूर्ति उकेरल जा रहल बा। पहिला मंजिल पs करीब 166 खंभा लगावल गईल बा। हर खंभा पs 15 से 20 मूर्ति उकेरल जाई। एतने ना, राम मंदिर के निर्माण में गर्भ गृह के काम पूरा हो चुकल बा।

श्री राम जन्मभूमि तीर्थ क्षेत्र ट्रस्ट के सदस्य अनिल मिश्रा के कहनाम बा कि मंदिर के पहिला चरण के काम पूरा होखला के बाद राम के भक्त लोग के इहाँ आवे के मौका मिली। एकरा बाद दूसरा चरण के काम जारी रही। पहिला चरण में पांचों मंडप के निर्माण पूरा हो जाई। सभ खंभा पs मूर्ति लगावल जाई, भक्त के सुविधा के ध्यान में राखत यात्री सुविधा केन्द्र तैयार कईल जाई। पूरा मंदिर के निर्माण 2025 में पूरा हो जाई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]