US Iran Conflict : अमेरिका-इजरायल के ईरान पs हमला, खामेनेई के दफ्तर के लगे गिरल मिसाइल, तेहरान में गूंजल धमाका

Share

नई दिल्ली। इजरायल अमेरिका के मदद से ईरान पs बड़ हमला कइले बा। एपी के रिपोर्ट के मोताबिक सेंट्रल तेहरान में जोरदार धमाका के आवाज सुनाई देलस।

पहिला हमला सुप्रीम लीडर अयातुल्ला अली खामेनेई के दफ्तर लगे भइल। हमला से पहिले खामेनेई के सुरक्षित जगह पs पहुंचा दिहल गइल। तेहरान के मेहराबाद एयरपोर्ट पs धमाका के आवाज सुनाई देलस।

ईरान पs हमला के बाद इजरायल अपना लोगन खातिर एडवाइजरी जारी कइलस आ सुरक्षित जगह पs रहे के अपील कइलस। कर्मचारियन के शेल्टर में जाए के निरदेस दिहल गइल बा।

ईरान में 30 जगह पs हमला

इजरायल के रक्षा मंत्री जानकारी देत कहलें कि इजरायल ईरान के खिलाफ प्रिवेंटिव मिसाइल हमला कइले बा। राष्ट्रपति भवन के निशाना बनावल गइल। कइयन गो मंत्रालय भवन पs हमला भइल। ईरान के खुफिया एजेंसी के दफ्तर पs वार कइल गइल। कुल मिलाके करीब 30 ठिकानन पs हमला कइल गइल बा।

इजरायली सेना कहलस कि जवाबी कार्रवाई के आशंका के देखत देस भर में एयर रेड सायरन बजा दिहल गइल बा, ताकि लोग मिसाइल हमला के संभावना खातिर तइयार रहे।

इजरायल जारी कइलस अलर्ट

इजरायल डिफेंस फोर्सेज एक्स पs पोस्ट कs के जानकारी देलस कि पूरा देस में सायरन बजावल गइल बा आ लोग के सुरक्षित जगह के नजदीक रहे के एडवांस अलर्ट दिहल गइल बा।

रक्षा मंत्रालय कहलस कि ई प्रोएक्टिव अलर्ट हs, ताकि लोग इजरायल पs संभावित मिसाइल हमला खातिर सतर्क रहे।इजरायल आपन एयरस्पेस बंद कs देले बा। स्कूल अगिला आदेस तक बंद कs दिहल गइल बा आ पूरा देस में इमरजेंसी लागू बा।

ओही बीच इजरायली हमला के बाद ईरानो आपन एयरस्पेस बंद कs देले बा। धमाका के बाद ईरान में दहशत के माहौल बन गइल बा।

Read Also: Bolivia Plane Crash : बोलिविया में नोटन से भरल सेना के विमान क्रैश, 15 के मौत

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-