US-Iran Tension : ईरान से बढ़ल तनाव, अमेरिका पश्चिम एशिया में आपन सैनिकन के ठिकाना बदललस

Share

सेंट्रल डेस्क। ईरान से तनाव बढ़त देख अमेरिका पश्चिम एशिया में तैनात आपन सैनिकन के ठिकाना बदले के प्रक्रिया सुरू कs देले बा। बढ़त सैन्य टकराव के आशंका के बीच अमेरिका अलग-अलग बेस से सैन्य कर्मचारियन के सुरक्षित जगह पs शिफ्ट कs रहल बा। द येरूसलम पोस्ट के मोताबिक, द न्यूयॉर्क टाइम्स के हवाला देत पेंटागन के अधिकारी बतवल बा लोग कि कतर के अल उदीद एयर बेस से सइयन गो अमेरिकी सैनिकन के दोसरा जगह भेजल गइल बा।

एह तरे के हलचल बहरीन (जहां अमेरिकी नौसेना के 5वां बेड़ा मवजूद बा), इराक, सीरिया, कुवैत, सऊदी अरब, जॉर्डन आ संयुक्त अरब अमीरात में मवजूद अमेरिकी ठिकानन पs देखे के मिल रहल बा।

रिपोर्ट में का कहल गइल?

रिपोर्ट के मोताबिक, अधिकारियन के चिंता बा कि एह इलाका में तैनात 30 हजार से 40 हजार अमेरिकी सैनिक, जंग भइल तs ईरान के सीधा निशाना बन सकत बा लाेग। सैन्य जानकारन के माने के बा कि जदि अब टकराव भइल, तs ऊ जून 2025 में अल उदीद बेस पs भइल हमला से एकदम अलग होई। ओह समय ईरान अमेरिका के पहिले से सूचना दे देले रहे, बाकिर अबकी बार अइसन संभावना कम बतावल जा रहल बा।

द येरूसलम पोस्ट संयुक्त राष्ट्र में ईरानी मिशन के कड़ा चेतावनी के जिकिर कइले बा। बयान में कहल गइल रहे कि अगर अमेरिका हमला कइलस, तs एह क्षेत्र में दुश्मन सेना के सब बेस आ संपत्तियन के सटीक निशाना बनावल जाई।

अमेरिका बढ़ा रहल बा आपन डिफेंस तइयारी

एह खतरन के देखत अमेरिका मिडिल ईस्ट में आपन एयर डिफेंस सिस्टम एने-ओने शिफ्ट कs रहल बा। एकरा संगही दूगो एयरक्राफ्ट कैरियर के ईरानी इलाका से बहुते दूर रखे के फैसला कइल गइल बा, ताकि जवाबी कार्रवाई में ऊ आसानी से निशाना ना बन सकें।

विशेषज्ञ का कहत बा लोग?

जानकारन के मोताबिक, ई तइयारी लमहर समय चले वाला टकराव के इशारा दे रहल बा। हालांकि ट्रंप प्रशासन बाहर से कूटनीतिक समाधान के बात करत बा, बाकिर कइयन गो विशेषज्ञन के माने के बा कि तेहरान के मवजूदा प्रस्ताव डोनाल्ड ट्रंप के सैन्य कार्रवाई से रोके खातिर बहुत नइखे। रिपोर्ट में इहो कहल गइल बा कि हाले में राष्ट्रपति के ओर से ईरान में सत्ता बदलाव पs विचार जाहिर कइला के बाद अंदरूनी सैन्य योजना आउर जादे तेज आ व्यापक हो गइल बाड़ी सs।

Read Also: Gorakhpur News : दयानंद टी-10 क्रिकेट प्रतियोगिता के भव्य सुभारंभ, महिला टी-10 में सुपरनोआज बनल विजेता

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-