US Embassy: ‘अमेरिकी कानून और आव्रजन नियमों का पालन न करने पर रद्द होगा वीजा’, दूतावास ने जारी की चेतावनी

Share

सेंट्रल डेस्क। अमेरिका में लगातार बढ़ रहल भारतीय छात्रन आ प्रवासियन के संख्या के लेके भारत में अमेरिकी दूतावास सख्त निरदेस जारी कइले बा। दूतावास आव्रजन नियमन के हवाला देत कहलस कि वीजा मिलला के बाद अमेरिकी कानून आ आव्रजन नियमन के पालन ना करे वाला वीजा धारकन पs कड़ा कार्रवाई कइल जाई। उनकर वीजा रद्द कs दिहल जाई। ओकरा निर्वासन के सामना करे के पड़ी।

भारत में अमेरिकी दूतावास ट्वीट कइलस कि वीजा जारी होखला के बाद अमेरिकी वीजा के जांच बंद ना होला। हमनी के वीजा धारकन के लगातार जांच करत बानी सs ताकि ई सुनिश्चित हो सके कि उ सभे अमेरिकी कानूनन आ आव्रजन नियमन के पालन कs रहल बा लो आ अगर उ अइसन नइखे करत लो तs हमनी के ओह लोगन के वीजा रद्द कs देम सs आ ओह लोग के निर्वासित कs देम सs।

दूतावास आव्रजन के लेके जारी कइलस कइयन गो बयान

दूतावास के ई बयान अइसन समय में आइल बा, जब हाले में कैलिफोर्निया के लॉस एंजेलिस में ट्रंप प्रशासन आव्रजन के खिलाफ कड़ा कार्रवाई कइले बा। भारत में अमेरिकी दूतावास एह महीना वीजा आ आव्रजन के लेके कइयन गो बयान जारी कइले बा। एकरा पहिले दूतावास 19 जून के कहले रहे कि अमेरिकी वीजा के अधिकार ना, बलुक विशेषाधिकार हs। एकर मतलब बा कि जदि वीजा मिलियो जात बा तs जांच हो सकत बा आ जदि केहू कानून तोड़त बा तs अधिकारी ओकर वीजा रद्द कs सकते हैं।

16 जून के दूतावास ई कहले रहे

16 जून के नई दिल्ली इस्थित अमेरिकी दूतावास कहले रहे कि अमेरिका अइसन लोगन के बर्दाश्त ना करी, जे अवैध आ सामूहिक रूप से लोगन के अमेरिका भेजे में मदद करेला। दूतावास इहो कहले रहे कि अमेरिका बिदेसी सरकारी अधिकारियन आ अइसन करे वाला आउर लोगन के लक्षित करत नया वीजा प्रतिबंध लगवले बा।

Read Also: UP News : सात दिन के छानबीन के बाद चंड़ीगढ़ लवटल पंजाब के विजिलेंस टीम, मजीठिया के संपत्ति से जुड़ल दस्तावेज ले गइल साथ

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-