भारत के लेवे के बा फैसला’, पीएम मोदी के यूक्रेन यात्रा से पहिले अमेरिका के तरफ से आईल बड़ रिएक्शन

Share

 

अमेरिका प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के 23 अगस्त के यूक्रेन यात्रा के महत्वपूर्ण बतवले बा। इs यात्रा मोदी के रूस यात्रा के करीब 6 सप्ताह बाद होखता। अमेरिका के उप विदेश मंत्री रिचर्ड आर वर्मा कहले कि अमेरिका रूस से भारत के “लंबा समय से चलत संबंध” के समझता। पोलैंड आ यूक्रेन के दू देशन के यात्रा के तहत बुध के दिने मोदी पोलैंड के राजधानी वारसॉ चहुँप गइलन. प्रधानमंत्री बियफे के दिने करीब सात घंटा ले कीव में रहीहें. प्रधानमंत्री मोदी के राष्ट्रपति वोलोदिमिर जेलेंस्की से आमने- सामने आ प्रतिनिधिमंडल स्तर के बातचीत करे के बा। एह बातचीत में यूक्रेन संघर्ष के शांतिपूर्ण समाधान खोजे पs ध्यान दिहल जाई.

भारत के फैसला लेबे के बा’.

दिल्ली के सेंटर फॉर सोशल एंड इकोनॉमिक प्रोग्रेस में इंटरैक्टिव सत्र में वर्मा कहले कि, हम एs यात्रा से बहुत खुश बानी। हमरा लागता कि इs एगो महत्वपूर्ण यात्रा बा – पोलैंड अवुरी यूक्रेन।” बाइडेन प्रशासन के वरिष्ठ अधिकारी कहले कि उs प्रधानमंत्री मोदी के पहिले के टिप्पणी के सराहना करतारे, जवना में उs कहले रहले कि ‘इs युद्ध के दौर नईखे अवुरी इs शांति के समय हs।’ एगो लंबा समय तक चले वाला रिश्ता अवुरी भारत के खुद तय करे के होई कि उs एs पैमाना पs कहाँ खड़ा होखल चाहता।”

इs एगो महत्वपूर्ण समय बा’

भारत में अमेरिकी राजदूत रहल वर्मा कहले कि, आजादी, स्वतंत्रता अवुरी कानून के राज के रक्षा खातीर इs बहुत जरूरी समय बा। मोदी के 8-9 जुलाई के मास्को यात्रा के समय से अमेरिका अवुरी ओकर बहुत सहयोगी देश दुखी रहले, काहेंकी इs वाशिंगटन में होखेवाला नाटो शिखर सम्मेलन के संगे भईल रहे।

 

 

 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-