US Consulate Attack : खामेनेई के मौत के खबर फइलते कराची में अमेरिकी कॉन्सुलेट पs हमला, उग्र भीड़ लगवलस आग, 9 प्रदर्शनकारियन के मौत

Share

नई दिल्ली। अमेरिका-इजरायल के हमला में ईरान के सुप्रीम लीडर अली खामनेई के कथित हत्या के खबर फइलतही पाकिस्तान के कराची शहर में हालात बिगड़ गइल। अमेरिकी कॉन्सुलेट के बाहर जोरदार विरोध प्रदर्शन सुरू हो गइल। न्यूज एजेंसी रायर्ट्स के मोताबिक, एह घटना में कम से कम 9 प्रदर्शनकारियन के मौत हो गइल आ 32 लोग घायल हो गइल।

बड़ संख्या में प्रदर्शनकारी लाठी-डंडा लेके कॉन्सुलेट के आसपास जमा हो गइलें आ तोड़फोड़ सुरू कs देलें। हालात काबू में करे खातिर लोकल पुलिस के आंसू गैस के गोला छोड़े के पड़ल आ चेतावनी खातिर हवाई फायरिंग करे के पड़ल।

इलाका खाली करे के अपील

अधिकारी लोग सुल्तानाबाद से माई कोलाची के जोड़े वाला सड़क कुछ देर खातिर बंद कs दिहल। संगही जिन्ना ब्रीज से आवे वाला ट्रैफिक के जाम से बचे खातिर आई आई  चुंदरीगढ़ के ओर रास्ता मोड़ दिहल गइल।

प्रशासन लोग से अपील कइले बा कि ऊ लोग एह इलाका से दूर रहे, काहे कि सुरक्षा बल विरोध प्रदर्शन के काबू में करे आ कानून-बेवस्था बना के रखे में जुटल बा।

सोशल मीडिया पs वायरल वीडियो में देखल जा रहल बा कि उग्र भीड़ कॉन्सुलेट के गेट पs तोड़फोड़ करत बिया आ बिल्डिंग के कुछ हिस्सा में आग लगावत नजर आवत बिया।

Read Also: Maharastra News : नागपुर में भयानक हादसा, विस्फोटक फैक्ट्री में जोरदार धमाका, 15 लोगन के मौत

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-