आज पूरा देश गणतंत्र दिवस मना रहल बा। देश भर के लोग उत्साह से भरल बा। फिलिम स्टार भी एह खास मउका पs उत्साहित बाड़े आ एह दिन देशवासियन के बधाई दे रहल बाड़े। एह मउका पs हमनी के रउरा सभे खातिर फिलिमन के एगो खास लिस्ट भी लेके आइल बानी जा। एह सूची में अइसन दस गो फिलिम बाड़ी सँ जवना में देश के सीमा पs सेना के अफसरन के लड़ाई के कहानी देखावल गइल बा। ईs फिलिम एह गणतंत्र दिवस पs रउरा सभे के खूब मनोरंजन करीहें। अक्षय कुमार, अजय देवग, विक्की कौशल, सिद्धार्थ मल्होत्रा आ अउरी कई गो बॉलीवुड स्टारन के फिलिम शामिल बा।
१-उरी: द सर्जिकल स्ट्राइक

साल 2019 में फिलिम ‘उरी: द सर्जिकल स्ट्राइक’ रिलीज भइल।फिलिम के कहानी एगो रियल लाइफ के घटना पs आधारित रहे। एह फिलिम में विक्की कौशल मुख्य भूमिका में रहले। एह फिलिम में परेश रावल, यामी गौतम आ मोहित रैना के भी महत्वपूर्ण भूमिका रहल। एह फिलिम के लोग के बहुते प्यार मिलल. एह डायलॉग ‘’हाउज द जोश- हाई सर’ के तरह एह फिलिम में लोग के रग में जुनून पैदा हो जाला।
२-शेरशाह

फिलिम ‘शेरशाह’ साल 2021 में रिलीज भइल रहे। फिलिम के रिलीज के बाद सिद्धार्थ मल्होत्रा के कैरियर फेर से पटरी पs आ गइल आ एह फिलिम के बहुते पुरस्कार भी मिलल। एह फिलिम में सिद्धार्थ मल्होत्रा के कैप्टन विक्रम बत्रा के किरदार में देखल गइल। कैप्टन विक्रम बत्रा के ‘ये दिल मांगे मोर’ के अंदाज में सिद्धार्थ के अभिनय लोग के बहुते नीक लागल। एह फिलिम में कियारा आडवाणी महिला लीड रहली।
३-लक्ष्य

साल 2004 में ऋतिक रोशन आ प्रीति जिंटा के फिलिम ‘लक्ष्य’ सिनेमाघरन में रिलीज भइल। फिलिम के खूब पसंद आइल। एह फिलिम में कारगिल युद्ध के भी देखावल गइल बा। एह फिलिम में ऋतिक रोशन जहाँ सेना के अफसर के किरदार में बाड़न ओहिजे प्रीति जिंटा पत्रकार के भूमिका में बाड़ी। फिलिम में करण शेरगीर आ रोमिला दत्ता के कहानी देखावल गइल।
४-एलओसी: कारगिल

‘एलओसी: कारगिल’ साल 2003 में रिलीज भइल रहे। ईs एगो मल्टी स्टारर फिलिम रहे। एह फिलिम में संजय दत्त, अजय देवगन, सैफ अली खान, अभिषेक बच्चन, मनोज बाजपेयी, आशुतोष राणा, अक्षय खन्ना, सुनील शेट्टी, संजय कपूर जइसन कई गो मशहूर सितारन सेना के अफसरन के किरदार निभवले बाड़न। रानी मुखर्जी, करीना कपूर, ईशा देओल, महिमा चौधरी, रवीना टंडन, ईशा कोपिकर, नम्रता शिरोडकर आ अउरी कई गो अभिनेत्री कलाकारन के पत्नी आ प्रेमिका के किरदार निभवली।
५-फाइटर

‘फाइटर’ साल 2024 के सुरुआत में रिलीज भइल बा। एह फिलिम में अनिल कपूर, दीपिका पादुकोण आ ऋतिक रोशन मुख्य किरदार बाड़े। लोग के ईs फिलिम बहुते पसंद आ रहल बा। एह फिल्म में वायुसेना के अफसरन के कहानी देखावल गइल बा। फिलिम में शानदार एरियल एक्शन देखे के मिलत बा। फिलिम गणतंत्र दिवस के खास मउका पs रिलीज भईल बा।
६-द गाजी अटैक

‘द गाजी अटैक’ साल 2017 में रिलीज भइल रहे। एह फिलिम में केके मेनन आ राणा दग्गुबत्ती लीड रोल में रहले। फिलिम के प्रेरणा एगो रियल लाइफ के घटना से मिलल रहे। फिलिम में नौसेना के अफसरन के कहानी देखावल गइल बा जवना में पनडुब्बी के भीतर ओह लोग के जवन दिक्कत होला। फिलिम के कहानी काफी प्रेरणादायक बा।
७-मेजर

फिलिम ‘मेजर’ साल 2022 में रिलीज भइल रहे। 26/11 के हमला पs आधारित एह फिलिम में दक्षिण के अभिनेता अदिवि शेष लीड रोल में रहली। एह फिलिम से शोभिता धुलिपाला आ सई मंजरेकर के ख्याति मिलल। संदीप उन्नीकृष्णन के ईs असल जिनिगी के कहानी जनता के पसंद आइल। एह फिलिम के भी कई गो राज्य कर मुक्त कs दिहलें रहे ।
८-अब तुम्हारे हवाले वतन साथियों

साल 2004 में रिलीज भइल ‘अब तुम्हरे हवाले वतन साथिया’ के संवाद आजुओ लोग के होठ पs बनल बा। एह फिलिम में अक्षय कुमार आ बॉबी देओल मुख्य भूमिका में रहले। दुनु जाना सेना के अफसर बनल रहले। एह फिलिम में अमिताभ बच्चन के मुख्य भूमिका रहे। ई फिलिम दिव्या खोसला कुमार के रातों रात सनसनी बना दिहलस आ एह फिलिम के बाद उनुकर बियाह भूषण कुमार से हो गइल।
९-रुस्तम

2016 में रिलीज अक्षय कुमार के फिलिम ‘रुस्तम’ भी एगो नौसेना अधिकारी के कहानी रहे, जवन कि एगो वास्तविक जीवन के घटना पs आधारित बा। एह फिलिम में अक्षय कुमार के किरदार बहुते पसंद आइल। फिलिम में नेवी के अलावे कोर्टरूम ड्रामा भी देखाई देता। फिलिम के गाना काफी हिट बा।
१०-टैंगो चार्ली

साल 2005 में रिलीज फिलिम ‘टैंगो चार्ली’ सिनेमाघरन में लोकप्रिय रहल। एह फिल्म में अजय देवगन आ बॉबी देओल मुख्य भूमिका में रहले। भारतीय सेना के कहानी भी एह फिलिम में देखावल गइल।







