Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Lucknow News : नव अप्रिल तक हो सकत बा नगरीय निकाय चुनाव के घोषणा, अंतिम आरक्षण आज जारी होई 

नगरीय निकाय चुनाव में अंतिम आरक्षण के अधिसूचना सुक के सांझ ले जारी हो सकत बा। नगर विकास विभाग के अनंतिम आरक्षण पs बियफे ले 832 आपत्ति मिलल बा। विभाग एकर निस्तारण सुरू कs देले बा।

989

प्रदेश के 762 में से 760 नगरीय निकाय में चुनाव के तारीखन के एलान 9 अप्रिल तक हो सकत बा। नगर विकास विभाग सुक के देर सांझ तक निकाय चुनाव खातिर अंतिम आरक्षण के अधिसूचना जारी करे के तइयारी कs रहल बा।

विभाग निकाय चुनाव खातिर अनंतिम आरक्षण जारी करत ओह परs 6 अप्रिल तक आपत्ति मांगल गइल रहे। बियफे सांझ ले विभाग के 832 आपत्ति मिलल बा। एमे से अधिकांश आपत्ति आरक्षण के नियम के लेके कइल गइल बा। विभाग के मंत्री अरविंद कुमार शर्मा सांझ के विभाग के आला अधिकारियन के संगे बैठक कs के आपत्तियन के निस्तारण पs बात कइलें। एकहs गो आपत्ति के गहन अध्ययन करs के निस्तारण करे के निरदेस दिहल गइल बा जवना से आगे कवनो तरे के कानूनी अड़चन ना आई। विभाग के अधिकारी लो निकाय चुनाव में आरक्षण खातिर अध्यादेश के आधार पs आपत्तियन के निस्तारण के कवायद सुरू कs दिहल गइल बा। सूत्रन के कहनाम बा कि सुक के सब आपत्तियन के निस्तारण कs के अंतिम अधिसूचना जारी कइल जाई।

एकरा बाद विभाग के ओर से अंतिम आरक्षण के अधिसूचना आ प्रस्तावित चुनाव कार्यक्रम राज्य निर्वाचन आयोग के भेजल जाई। आयोग निकाय चुनाव दु से तीन चरण में करावे के कार्यक्रम जारी कs सकत बा। चुनाव के तारीखन के एलान सुक के देर सांझ से 9 अप्रिल तक कबो कइल जा सकत बा। सूत्रन के मोताबिक सरकारो के प्रयास बा कि आयोग जल्दी से जल्दी चुनाव कार्यक्रम जारी करे, आयोग के चुनाव कार्यक्रम जारी करे के तइयारी करे के संकेत दिहल गइल बा।

मेयर आ अध्यक्ष सीटन के आरक्षण पs आपत्ति बनल आफत

नगर विकास विभाग द्वारा मेयर आ अध्यक्ष सीटन के आरक्षण के जारी अनतिम अधिसूचना पs करीब 832 आपत्ति आइल बा। अधिकतर आपत्ति आरक्षण नियमन के पूरा तरे से पालन ना करे आ महिला लोगन के तय कोटा से जादे सीट देवे के बा। बतावल जा रहल बा कि राजनीतिक पार्टियन खास कs के समाजवादी पार्टी द्वारा दिहल गइल आपत्ति आफत बनल बा। एहिसे एकर मिलान कइल जा रहल बा, जवना से कवनो तरे के कवनो चूक ना रह जाए। सूत्रन के कहनाम बा कि नगर विकास विभाग के आधा रात तक खोलके एकरा के दूर करे के माथापच्ची चलत रहे। खास कs के मिलान कइल गइल कि महिला लोगन के सही में जादे सीट आवंटित कs दिहल गइल बा। एकर मिलान करे आ ममिला विधिक स्तर पs ना फंसत लउकल तs अंतिम अधिसूचना जारी कs दिहल जाई।

अंतिम आरक्षण पs मिलल 832 आपत्ति, विभाग आपत्तियन के निस्तारण में जुटल

नगरीय निकाय चुनाव में अंतिम आरक्षण के अधिसूचना सुक के सांझ ले जारी हो सकत बा। नगर विकास विभाग के अंतिम आरक्षण पs बियफे ले 832 आपत्ति मिलल बा। विभाग एकर निस्तारण सुरू कs देले बा। विभाग के ओर से आपत्तियन के निस्तारण कs के सुक के सांझ ले अंतिम आरक्षण जारी कइल जाई। राज्य निर्वाचन आयोग निकाय चुनाव के अधिसूचना 8-9 अप्रिल तक जारी कs सकत बा।

506240cookie-checkLucknow News : नव अप्रिल तक हो सकत बा नगरीय निकाय चुनाव के घोषणा, अंतिम आरक्षण आज जारी होई 

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.