आईएमएस बीएचयू के आयुर्वेद संकाय में स्नातकोत्तर के सीट बढ़ावे खातिर कुलपति आवास पर बीतल 10 दिन से धरने पर बैठल छात्र लोग सोमार के हंगामा कs दिहलें। आयुर्वेद संकाय के ओपीडी बंद करा दिहल। छात्र लोग सुरक्षाकर्मियन पs हाथापाई के आरोप लगवले बानें। उहवें, चीफ प्रॉक्टर अभिमन्यु सिंह कहलें कि छात्र ही सुरक्षाकर्मियन के साथ मारपीट कइलें। फिलहाल काफी गहमागहमी बा।
ओपीडी के बाहर धरनारत छात्र ठाढ़ बानें। सूचना के बाद मौका पर एसीपी भेलूपुर प्रवीण सिंह फोर्स के साथ मौके पर पहुंचलें। छात्रन के मनावे खातिर पहुंचल आयुर्वेद विभाग के डीन प्रो. केएन द्विवेदी कहलें कि अभीन शांति बा। छात्रन के मनावे के प्रयास कइल जा रहल बा। सथही मरीजन के हित के देखत जल्दी से जल्दी ओपीडी के सेवा बहाल करे के कोशिश कइल जा रहल बा।
पांच साल से सीट बढवले के हो रहल बा मांग
एन्ने छात्र लोग के कहनाम बा कि पांच साल से सीट बढवले के मांग कइल जा रहल बा। संकाय प्रमुख भी बातचीत खातिर अइलें लेकिन कौनो ठोस परिणाम नाइ निकलल। पिछले दिन ही सोमार से ओपीडी बंद करे के चेतावनी दीहल जा चुकल बा। लिहाजा आजु हम लोग ओपीडी बंद करा दिहलें।

छात्रन के कहनाम बा कि हर बेर हम लोग के बरगलावल जाला लेकिन एह बेर जब ले मांग नाइ पूरा होई तब ले आंदोलन जारी रही। बीएचयू के आयुर्वेद संकाय में स्नातकोत्तर के 54 अउर स्नातक के 75 सीट बा। स्नातक के छात्र पीजी के सीट बढ़वले के मांग के ले के बीतल 10 दिन से कुलपति आवास पर धरना दे रहल बानें।
Post Views: 3