UP Weather Update: 14 फरवरी तक चली तेज हवा, ना होई बरखा, का बढ़ी तापमान?

Anurag Ranjan
UP Weather

लखनऊ : उत्तर प्रदेश में आवे वाला कुछ दिनन तक मौसम साफ रहे के संभावना बा। अगिला हफ्ता तक प्रदेश में मौसम के लेके कवनो विशेष अलर्ट जारी नइखे कइल गइल। हालांकि, 14 फरवरी तक तेज हवा चले के अनुमान बा, बाकिर एह दौरान बरखा के कवनो संकेत नइखे मिल रहल। फिलहाल, तापमान में धीरे-धीरे बढ़न्ती के दौर सुरू होखे वाला बा।

मौसम भइल सुहाना, पर्यटन स्थलन पs जुट रहल बा भीड़

आज मंगर के प्रदेश भर में मौसम सूखा रही आ 14 फरवरी तक एही तरे के मौसम बनल रही। एह दौरान पर्यटन स्थलन पs भीड़ देखल जा रहल बा काहेकि मौसम बहुते सुहावना बा। एकरा संगही, अगिला एक हफ्ता तक कोहरा छइला के कवनो संभावना नइखे।

तेज हवा में कमी आ सकत बा, जवना से प्रदेश में तापमान में बढन्ती हो सकत बा। ठंडा में कमी के कारण गरमी के अहसास बढ़ला के संभावना बा। हालांकि, मौसम विभाग के माने के बा कि होली से पहिले एक बेर ठंडा लौट सकत बा।

एह जिलन में कुछ अइसन रही मौसम?

मौसम विभाग के अनुमान बा कि मंगर के लखनऊ, आगरा, वाराणसी, प्रयागराज, कानपुर, अयोध्या, गोंडा, बलरामपुर, बहराइच, गाजियाबाद, मेरठ, झांसी, नोएडा आ गोरखपुर जइसन प्रमुख शहरन में मौसम सामान्य रही।

कानपुर सहित कइयन गोद आउर स्थानन पs पहाड़न से आ रहन सर्द हवा के कारण तापमान में गिरावट आइल बा, बाकिर अबकी बेर वर्षा आ ओलावृष्टि के संभावना नइखे। एकरा से गरमी के असर जल्दी दिखे के संभावना नइखे। मौसम विशेषज्ञ एकरा के ग्लोबल वार्मिंग के परिणाम मानत बा लो आ मानत बा लो कि वसंत के मौसम सायदे दिखाई दे। शीत ऋतु से सीधे गरमी के मौसम आवे के असर खेतन में खड़ा फसलन पs पड़ सकत बा। पिछलका साल अत्यधिक गर्मी उत्तर भारत के परेसान कइले रहे, जबकि एह साल जनवरी आ फरवरी के मौसम अपेक्षाकृत बेहतर रहल बा।

अब बढ़ी तापमान

मौसम विशेषज्ञ डॉ. पांडे के अनुसार, जवना मौसमी संकेतन के पता चल रहल बा, ओकरा अनुसार फरवरी के अंत भा मार्च के सुरुआत तक तापमान एतना बढ़ सकत बा कि अप्रिल आ मई जइसन गरमी के अहसास होखे लागी। 2025 के जनवरी महीना अभी तक के सबसे गरम महीनन में से तीसरका स्थान पs रहल। अइसन में, शीत ऋतु (28 फरवरी) के बाद वसंत के मौसम के संभावनो कम बा, जेमे हलुका सर्दी आ हलुका गरमी रहेला। एह साल जनवरी में देस के औसत तापमान 18.98 डिग्री सेल्सियस रहल, जवन 1901 के बाद से तीसरका बेर एतना जादे रहल बा।

Read Also: Happy Promise Day 2025: प्रॉमिस डे पs पार्टनर आ फैमिली मेंबर के भेजी इs मैसेज, पढ़के दिल हो जाई खुश

Share This Article
Content Creator
Follow:
सिविल इंजीनियर, भोजपुरिया, लेखक, ब्लॉगर आ कमेंटेटर। खेल के दुनिया से खास लगाव। परिचे- एगो निठाह समर्पित भोजपुरिया, जवन भोजपुरी के विकास ला लगातार प्रयासरत बा। खबर भोजपुरी के एह पोर्टल पs हमार कुछ खास लेख आ रचना रउआ सभे के पढ़े के मिली। रउआ सभे हमरा के आपन सुझाव [email protected] पs मेल करीं।