लखनऊ। यूपी में भीषण गर्मी पड़ रहल बा। मंगर के झांसी के तापमान 46 डिग्री के पार निकल गइल। प्रदेश के एक दर्जन से जादे अइसन शहर रहल जहां तापमान 43 डिग्री के पार रहल। मौसम वैज्ञानिकन के अनुसार आज पश्चिमी उत्तर प्रदेश आ बुंदेलखंड में भीषण गर्मी पड़ सकत बा। पूर्वी यूपी के कुछ जिलन में जरूर मौसम मंगर के तुलना में तनिका बेहतर हो सकत बा।
हीटवेब के चेतावनी के बाद स्वास्थ्य विभाग अलर्ट
प्रदेश में हीटवेब के चेतावनी बा। अइसन में स्वास्थ्य विभाग अलर्ट हो गइल बा। स्वास्थ्य विभाग के प्रमुख सचिव पार्थ सारथी सेन शर्मा सब अस्पताल के अधीक्षकन के निरदेस देलें बाड़ें कि हीटवेब के मरीजन खातिर कूलिंग वार्ड तइयार रखल जाव। ओह लोगन के उपचार संबंधी सब बेवस्था दुरुस्त रहे। दवा, जांच आदि के माकूल इंतजाम रखल जाव। अउरियो वार्डन में कूलर, पंखा आ एसी के नियमित रूप से संचालित कइल जाव। बिजली ना होखला के इस्थिति में जनरेटर सुविधा दिहल जाव।
पूर्वी यूपी में मौसम में मामूली बदलाव
समूचा उत्तर प्रदेश प्रचंड गर्मी के चपेट में बा। आसमान से बरस रहलआग झुलसावे वाली तपिश दे रहल बिया। मंगर के बुंदेलखंड, आगरा मंडल आ दिल्ली एनसीआर के जिला सबसे जादे गरम रहल। झांसी में तापमान 45 डिग्री के पार पहुंच गइल। 12 जिलन में अधिकतम तापमान 43 डिग्री से जादे रहाल। एह बीच मौसम विभाग पूर्वी यूपी खातिर कुछ राहत के संकेत देले बा। इहां 11 से 12 जून के बीच हल्का बूंदाबांदी के आसार बा। ओहिजा, पश्चिमी यूपी आ बुंदेलखंड में अभियो राहत के उम्मीद नइखे। अगिला दु दिन तक इहां लू चलला के संकेत बा।
भीषण गर्मी के चलते नव बजे के बाद घर से निकलल भारी पड़ रहल बा आ दुपहरिया आवत-आवत खून सूखा देवे वाला गर्मी महसूस हो रहल बा। प्रयागराज में 10 जून के दिन पिछला तीन साल में सबसे जादे गरम रहल। अधिकतम तापमान 44.3 डिग्री सेल्सियस दर्ज कइल गइल। लखनऊ, आगरा, बांदा, वाराणसी, बुलंदशहर में तपिश आ गरम हवा के थपेड़न से लोग बेहाल रहल। लखनऊ में अधिकतम तापमान 42.2 डिग्री सेल्सियस रहल।
लू चलला के अलर्ट जारी
बुध से पूर्वी यूपी में मौसम में बदलाव के संकेत बा। बंगाल के खाड़ी से उठल नमी के असर से 11 से 12 जून के बीच पूर्वांचल के जिलन में गरज चमक आ हल्का बूंदाबांदी के आसार बा। पश्चिमी यूपी आ बुंदेलखंड में अगिला एक दु दिन लू चलला के संगे-संगे रात के सामान्य से जादे गरम रहे के संभावना बा। – वरिष्ठ वैज्ञानिक, अतुल कुमार सिंह, आंचलिक मौसम विज्ञान केंद्र, लखनऊ
43 डिग्री से जादे गरम जिलन के सूची
- झांसी 46
- उरई 45.2
- आगरा 45.1
- बांदा 44.8
- कानपुर देहात 44.6
- हमीरपुर 44.6
- कानपुर शहर 43.9
- इटावा 43.4
- प्रयागराज 44.3
- अलीगढ़, वाराणसी, बलिया 43
Read Also: Gorakhpur News: भाजपा महानगर अध्यक्ष देवेश श्रीवास्तव के निधन, शोक में समर्थक