[the_ad_group id="30365"]

Gorakhpur News: भाजपा महानगर अध्यक्ष देवेश श्रीवास्तव के निधन, शोक में समर्थक

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर : भारतीय जनता पार्टी (भाजपा) के महानगर अध्यक्ष देवेश श्रीवास्तव के बुध के सबेरे हृदयगति रुकला से निधन हो गइल। उनका असमय निधन से पूरा गोरखपुर शहर में शोक के लहर दउड़ गइल बा। देवेश श्रीवास्तव के अमिर मात्र 52 बरिस रहे।

रामदत्तपुर इस्थित आवास पs होई अंतिम दर्शन

डॉक्टरन के ओर से पुष्टि के बाद उनकर शव रामदत्तपुर इस्थित उनका आवास ले आवल गइल, जहां पार्टी पदाधिकारी, कार्यकर्ता आ स्थानीय लोग अंतिम दर्शन खातिर पहुंच रहल बा लो।

राजघाट पs होई अंतिम संस्कार

परिजनन के अनुसार, आजे राप्ती नदी के राजघाट पs देवेश श्रीवास्तव के अंतिम संस्कार कइल जाई। भाजपा नेता, पार्षद आ स्थानीय प्रशासन के वरिष्ठ अधिकारियन के उहां पहुंचला के संभावना बा।

पूजा करत घरी भइल हृदयाघात

भाजपा के पूर्व अध्यक्ष राजेश गुप्त जानकारी देलें कि सबेरे नित्य क्रिया के बाद जब देवेश पूजा खातिर बइठलें, तबे अचानक उनका सीना में तेज दर्द भइल आ ऊ बेहोश हो गइलें। परिजन उनका के सवित्री अस्पताल ले गइल लोग, जहाँ डॉक्टर उनका के मृत घोषित कs दिहल। एकरा बाद उनका के जिला अस्पताल ले जाइल गइल, जहाँ चिकित्सक लोग उनका निधन के पुष्टि कइल।

पार्टी में निभवलें कइयन गो अहम दायित्व

देवेश श्रीवास्तव भाजपा में लमहर समय से सक्रिय रहस। ऊ महामंत्री, मंत्री आ उपाध्यक्ष जइसन कइयन गो महत्वपूर्ण पदन पs काम कs चुकल रहस। 17 मार्च 2025 के उनका के महानगर अध्यक्ष पद के जिम्मेदारी सउपल गइल रहे। उनकर पिता उमेश श्रीवास्तव एही पद पs काम कs चुकल बाड़ें।

Read Also: WTC Final Prize Money: विश्व टेस्ट चैंपियनशिप के विजेता पs होई पईसन के बरखा, IPL विजेता से जादे बा इनाम

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]