SIR : यूपी में 12.55 करोड़ मतदाता लोगन के रफ सूची आज होई जारी, प्रक्रिया में लिस्ट से हटावल गइल बा 2.89 करोड़ नाम

Election Commission of India big meeting on SIR deadline extension

Share

लखनऊ। उत्तर प्रदेश में चुनाव आयोग मंगर के दिन 12.55 करोड़ मतदाता वाला रफ (कच्ची) मतदाता सूची जारी करे जा रहल बा। खास प्रगाढ़ पुनरीक्षण प्रक्रिया (SIR) के दौरान मतदाता सूची से 2.89 करोड़ नाम हटावल गइल बा। हटावल गइल नाम ओह लोगन के हs जे कहीं आउर बस गइल बा, लमहर समय से गैरहाजिर रहल बा भा फेर जेकर निधन हो चुकल बा।

राज्य के सब जिलन में ड्राफ्ट मतदाता सूची जारी करे के तइयारी पूरा कs लिहल गइल बा। मुख्य निर्वाचन अधिकारी नवदीप रिणवा सोमार के एगो अहम बैठक कs के तइयारियन के जायजा लेलें। उ सब जिला निर्वाचन अधिकारियन से कहलें कि शुद्ध आ पारदर्शी मतदाता सूची जारी करे खातिर सब जरूरी डेग उठावल जावs।

चुनाव आयोग के कार्यक्रम के मोताबिक, मंगर से 6 फरवरी तक मतदाता सूची पs दावा आ आपत्ति लिहल जाई। ओह दावा-आपत्ति के निस्तारण 27 फरवरी तक कइल जाई। ओकरा बाद 6 मार्च के अंतिम मतदाता सूची जारी कइल जाई।

जवन 2.89 करोड़ मतदाता के नाम काटल गइल बा, ओमे से 1.26 करोड़ स्थायी रूप से बाहर बस गइल बा लोग, 46 लाख मतदाता अब एह दुनिया में नइखे लो, 23.70 लाख नाम डुप्लीकेट पावल गइल, 83.73 लाख मतदाता लमहर समय से अनुपस्थित रहल लोग आ 9.57 लाख आ आउर श्रेणी में रखल गइल बा लोग।

चुनाव आयोग बतवलस कि प्रदेश में 91 फीसदी मतदाता के मिलान 2003 के मतदाता सूची से हो चुकल बा। एह मतदाता लाेगन से अब कवनो नया दस्तावेज मांगे के जरूरत ना पड़ी आ ओह लोगन के नाम सीधे पक्की मतदाता सूची में सामिल कइल जाई।

बतावल जा रहल बा कि आयोग 27 अक्टूबर के SIR करावे के घोषणा कइले रहे। एकरा बाद 30 नवंबर आ 11 दिसंबर के संशोधित कार्यक्रम जारी कइल गइल। अब आयोग तीसरा बेर SIR के समय बढ़वलस। ई पूरा प्रक्रिया 1 जनवरी 2026 के अर्हता तिथि के आधार पs करावल जा रहल बा।

Read Also: Sonia Gandhi : सोनिया गांधी फेर से गंगाराम अस्पताल में भर्ती, पुरान खांसी के चलते करावल गइल जांच

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-