UP T-20 के जारी भइल लोगो: IPL के तर्ज पs खेलल जाये वाली लीग में 17 दिन में होई 33 मुकाबला, 5 विकेट हो रहल बा तइयार

Anurag Ranjan

IPL के तर्ज पs यूपी में पहिला बेर होखे जा रहल UP T-20 लीग में 17 दिन में कुल 33 मुकाबला ग्रीनपार्क में खेलल जाई। एकरा खातिर उत्तर प्रदेश क्रिकेट एसोसिएशन (UPCA) बियफे के रात आपन लोगो जारी कs देलस। मैच के लेके अब तइयारी सुरू हो गइल बा।

स्टेडियम में तइयार कइल जा रहल बा पांच पिच

स्टेडियम में मैच के लेके पांच विकेट तइयार कइल जाई। ओहिजा मैच से पहिले गेंदबाजन खातिर दुगो स्ट्रिप विकेटो बनावल जाई। UPCA पहिला बेर एह लीग के आयोजन करे जा रहल बा। फ्रेंचाइजी फाइनल हो चुकल बा। अब खिलाडियन के चयन कइल जाई। यूपीसीए के मुख्य पिच क्यूरेटर शिवकुमार बतवलें कि लीग में कुल 33 मुकाबला खेलल जाये के बा। एकरा खातिर ग्रीनपार्क में तइयारी सुरू कs दिहल गइल बा। इहां बनल 9 विकेट में पांच के प्रयोग टूर्नामेंट खातिर कइल जाई। एकरा ला तीन, चार, पांच, छह आ सात नम्बर पिच के तइयार कइल जा रहल बा। ई फैसला पिछला दिनन इहां के निरीक्षण करे आइल प्रसारण कंपनी जियो से बात होखला के बाद तय भइल बा। एकरा खातिर दुगो स्ट्रिप विकेट बनावल जाई जवन तीन आ सात नम्बर पिच के बगल में होई।

आठ अभ्यास विकेट तइयार कइल जाई 

एकरा अलावे इहां दुनो छोर पs आठ अभ्यास विकेट तइयार कs लिहल गइल बा। ऊ बतवलें कि इहां पs सब विकेट उन्नाव के करिया माटी से बनल बा। टी-20 फार्मेट के देखत इहां अइसन पिचन के बनावल जा रहल बा, जेमे खूब रन बने आ दर्शकन के पूरा मजा मिले। एक दिन में दु गो मैच तक करावल जाई। एकरो खातिर प्लानिंग कइल गइल बा। एकरा अलावे जवन टीम रिजर्व डे में अभ्यास कइल चाही, ओकरा खातिर कमला क्लब के रखल गइल बा। उहवों मुख्य विकेट के अलावे अभ्यास पिच पूरा तरे से तइयार बाड़ी सs।

Share This Article
Content Creator
Follow:
सिविल इंजीनियर, भोजपुरिया, लेखक, ब्लॉगर आ कमेंटेटर। खेल के दुनिया से खास लगाव। परिचे- एगो निठाह समर्पित भोजपुरिया, जवन भोजपुरी के विकास ला लगातार प्रयासरत बा। खबर भोजपुरी के एह पोर्टल पs हमार कुछ खास लेख आ रचना रउआ सभे के पढ़े के मिली। रउआ सभे हमरा के आपन सुझाव anuragranjan1998@gmail.com पs मेल करीं।