स्वामी प्रसाद मौर्य से एसटीएफ कइलस पूछताछ, निजी सचिव पर नौकरी के नाम पर ठगी के बा आरोप

Share

समाजवादी पार्टी के एमएलसी अउरी पूर्व कैबिनेट मंत्री स्वामी प्रसाद मौर्य से यूपी एसटीएफ पूछताछ कइले बा। ई पूछताछ एसटीएफ द्वारा पूर्व में कईल गईल स्वामी प्रसाद के निजी सचिव अरमान खां के नौकरी के नाम पर धोखाधड़ी के मामले में कईल गईल बा।

अरमान के एसटीएफ बीते अप्रैल महीने के 21 तारीख के लखनऊ से गिरफ्तार कइले रहल। अरमान पर आरोप बा कि  स्वामी प्रसाद मौर्य के मंत्री रहत उनके कार्यालय में बैठके  नौकरी के नाम पर ठगी के गिरोह चल रहल बा।

एही सिलसिला में यूपी एसटीएफ स्वामी प्रसाद के तलब कईल गईल बा। स्वामी प्रसाद से अरमान के बारे में लमहर पूछताछ कईल गईल। बता देंई कि स्वामी प्रसाद मौर्य चुनाव के दौरान भारतीय जनता पार्टी छोड़ के समाजवादी पार्टी में शामिल हो गईल रहलें। ओसे पहिले वह बसपा में लहमर समय ले रहल।
स्वामी प्रसाद कुशीनगर के फाजिलनगर से चुनाव भी लड़लें लेकिन ओनके हार के मुंह देखे पड़ल रहे। बाद में समाजवादी पार्टी उनके एमएलसी के टिकट दे देहलस अउर ऊ निर्विरोध निर्वाचित हो गइले।

 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-