यूपी राजनीति : पीएम नरेंद्र मोदी के खिलाफ विरोध के चेहरा केकर होई? अखिलेश यादव इ जवाब कोलकाता में देले

Minee Upadhyay

यूपी राजनीति : पीएम नरेंद्र मोदी के खिलाफ विरोध के चेहरा केकर होई? अखिलेश यादव इ जवाब कोलकाता में देले

लोकसभा चुनाव : पीएम नरेंद्र मोदी के खिलाफ विपक्ष के प्रधानमंत्री पद के चेहरा के लेके समाजवादी पार्टी के प्रमुख अखिलेश यादव एगो बड़ बयान देले बाड़े।

लोकसभा चुनाव 2024 : कोलकाता में राष्ट्रीय अधिवेशन के बाद समाजवादी पार्टी के अध्यक्ष अखिलेश यादव बहुत मुद्दा पे प्रतिक्रिया देले बाड़े। ए दौरान सपा प्रमुख से पीएम नरेंद्र मोदी के विरोध के चेहरा पे भी सवाल उठावल गईल।

अगिला लोकसभा चुनाव में विपक्षी खेमा के चेहरा के होई| अखिलेश यादव कहले कि चुनाव के बाद एकर फैसला होई अउरी अभी इ ‘उचित सवाल नईखे’, बिना प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के नाम लेले उ कहले कि, आप चेहरा के बात कर रहल बाड़े। साल 2014 अउरी 2019 में जवन चेहरा चुनाव जीते के झूठा वादा कईले रहे, ओकरा बारे में का कहब?

 

कांग्रेस पे आरोप 

पूछल गइल कि का उनुकर पार्टी उत्तर प्रदेश के रायबरेली आ अमेठी लोकसभा सीट पे चुनाव लड़ी जवना के कांग्रेस के गढ़ मानल जाला| अखिलेश यादव पे आरोप लगावत उ कहले कि, “अमेठी में सपा कार्यकर्ता के हत्या होता। अमेठी में हमनी के कार्यकर्ता के हत्या होता। सपा कार्यकर्ता पूछतारे कि उनुका खातीर के लड़ाई लड़ी। समाजवादी कार्यकर्ता एक दूसरा से लड़तारे।” कांग्रेस कार्यकर्ता हमनी के समर्थन में नईखन आवत |”

एगो सवाल के जवाब में सपा प्रमुख कहले कि, भाजपा के मुक़ाबले बहुत राज्य में कांग्रेस के अस्तित्व नईखे, लेकिन क्षेत्रीय दल भाजपा के खिलाफ कड़ा लड़ाई लड़तारे अउरी हमरा उम्मेद बा कि उ सफल होईहे उत्तर प्रदेश में 2017 के विधानसभा चुनाव में भइल बाकिर भाजपा से हार गइल| दु साल बाद भईल लोकसभा चुनाव में कांग्रेस राज्य में सपा-बसपा गठबंधन से बाहर रहे।

साभार- abp

Share This Article
Content Creator
Follow:
भोजपुरी पत्रकारिता में 2 साल से काम कइला के अनुभव। भोजपुरी में समाचार लिखे के गहिराह जानकारी के संगे फिलिम, मनोरंजन, स्पेशल स्टोरी आदि सेगमेंट्स के खबरन के पढ़े खातिर हमरा संगे बनल रही खबर भोजपुरी पs।