Mamata Banerjee: ‘राहुल गांधी विपक्ष के लीडर बनल रहलें तs PM मोदी के केहू…’, आखिर ममता बनर्जी काहे कहली ई बात

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 20, 2023

Mamata Banerjee On Rahul Gandhi: कांग्रेस आ तृणमूल कांग्रेस (TMC) के बीच के दूरी कम होखे के जगह बढ़त जा रहल बा। दुनुए दल के नेता एक-दूसरा पs आरोप लगावे से बाज नइखे आ रहल

Share

Mamata Banerjee On Rahul Gandhi: कांग्रेस आ तृणमूल कांग्रेस (TMC) के बीच के दूरी कम होखे के जगह बढ़त जा रहल बा। दुनुए दल के नेता एक-दूसरा पs आरोप लगावे से बाज नइखे आ रहल लो। एही कड़ी में टीएमसी प्रमुख आ पश्चिम बंगाल के मुख्यमंत्री ममता बनर्जी अतवार (19 मार्च) के कांग्रेस पs हमला करत बीजेपी पs बड़ आरोप लगवली।

ममता कहली कि बीजेपी कांग्रेस नेता राहुल गांधी के ओर से यूके में दिहल गइल बयानन के मुद्दा बनाके संसद के कार्यवाही बाधित कर रहल बिया आ उनका के ‘हीरो’ बनावे के कोसिस कर रहल बिया ताकि ज्वलंत मुद्दन से धेयान हटावल जा सके। राहुल गांधी विपक्ष के लीडर बनल रहले तs नरेंद्र मोदी के केहू टारगेट नइखे कs सकत।

बंगाल में बीजेपी के संगे कांग्रेस के मौन सहमति

तृणमूल कांग्रेस (टीएमसी) के एगो वरिष्ठ नेता बतवलें कि मुर्शिदाबाद जिला में पार्टी के आंतरिक बैठक में कार्यकर्ता लोगन के फोन पs संबोधित करत ममता बनर्जी आरोप लगवली कि कांग्रेस पार्टी बीजेपी से लड़े में नाकाम रहल बिया आ पश्चिम बंगाल में भाजपा के संगे ओकर मौन सहमति बा, जवन बहुत कुछ इशारा करत बा।

तृणमूल कांग्रेस के मुर्शिदाबाद जिला प्रमुख आ सांसद अबू ताहिर मीडिया से बातचीत में कहलें, “हमनी के पार्टी के अध्यक्ष फोन पs हमनी के आंतरिक बैठक के संबोधित करत कहली कि भाजपा जानबूझके राहुल गांधी के ‘हीरो’ बनावे के कोसिस कर रहल बिया आ आ उनकर टिप्पणी पs संसद के कार्यवाही के बाधित कर रहल बिया।”

‘बीजेपी अपना हितन खातिर कर रहल बिया राहुल के विरोध’

सांसद अबु ताहिर मुख्यमंत्री ममता बनर्जी के हवाले से कहलें, “भारतीय जनता पार्टी अपना हितन के पूर्ति खातिर अइसन कर रहल बिया ताकि आउर विपक्षी दल आम लोगन से जुड़ल मुद्दन के ना उठा सकें। ऊ राहुल गांधी के विपक्षी खेमा के ‘हीरो’ बनावल चाहत बिया।” ताहिर बतबवलें कि मुर्शिदाबाद जिला के आंतरिक बैठक अतवार सांझ के हरमपुर पार्टी कार्यालय में भा रहे। एही दौरान ममता बनर्जी कांग्रेस आ राहुल गांधी के लेके आपन बात कहलें।

साभार:ABP Live

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.