UP Police Bharti: मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ के बड़का निर्णय, निरस्त होई यूपी पुलिस सिपाही भर्ती परीक्षा-2023

Share

UP Police Recruitment पुलिस भर्ती परीक्षा निरस्त करने के मांग को लेके सड़क पर उतरल रहें लो अभ्यर्थी। पुलिस विभाग में सबसे बड़ भर्ती परीक्षा से पहिले स्पेशल टास्क फोर्स (एसटीएफ) के साथही सब जिला में पुलिस प्रशासन के मुस्तैद कइले रहलें। UP Police Recruitment बड़ पैमाना पऽ धांधली के लगवले आरोप। मुख्यमंत्री कहले युवा सन के मेहनत आ परीक्षा के शुचिता से खेलवाड़ करे वाला लोग के खिलाफ होई कारवाई।

युवा लो के हित में मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ बड़का निर्णय लेले बाड़े। निरस्त होई यूपी पुलिस सिपाही भर्ती परीक्षा-2023। छव महीना के भीतरे पूर्ण शुचिता के साथे आयोजित होई परीक्षा। एसटीएफ के रडार में बा परीक्षा के गोपनीयता भंग करे वाला लोग, हो चुकल बा कई गो बड़ गिरफ्तारी।

UP Police Bharti यूपी आरक्षी भर्ती परीक्षा के निरस्त कर दिहल गइल बा। परीक्षा निरस्त करे के मांग के लेके प्रदेश के कई गो जिलन के अभ्यर्थि प्रदर्शन कइले। आरोप लागल कि प्रश्न पत्र लीक होखला के साथहीं परीक्षा में बड़ पैमाने पऽ धांधली कइल गइल बा। हालहीं में प्रयागराज में सैकड़न के संख्या में सिपाही भर्ती परीक्षा देवे वाला अभ्यर्थी हाथ में तख्तियां लेके परीक्षा निरस्त करावे के मांग के लेके सड़क पर उतरल रहें।

अतना रहें अभ्यर्थी

सिपाही भर्ती के लिखित परीक्षा निर्धारित तिथि 17 आ 18 फरवरी के सब जिलन में दू पालियन में भइल रहें। प्रदेश में 2,385 परीक्षा केंद्रों पऽ परीक्षा के दौरान बायोमैट्रिक वेरिफिकेशन के बादे अभ्यर्थी के प्रवेश दिहल गइल रहें। आरक्षी नागरिक पुलिस के 60,244 पदों पऽ भर्ती खातिर कुल 48,17,441 अभ्यर्थियों में 15,48,969 महिला अभ्यर्थी लो रहें। प्रत्येक पाली में 12,04,360 अभ्यर्थी शामिल भइल रहें।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-