लखनऊ। राजधानी लखनऊ में मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ, सैयद सालार मसूद गाजी खातिर नरम रुख रखे के आरोप पs विपक्ष पs निशाना सधलें। ऊ कहलें कि आज के माफियाराज ओही ढंग के बा। उनका अनुसार, जे लोग आज मिट्टी में मिल गइल बा, ऊ ओही विचारधारा से आवेला।
अतवार के दिन सीएम योगी भारतेंदु नाट्य अकादमी के पूरा भवन आ दूगो प्रेक्षागृह के लोकार्पण कइलें। लगभग 22 करोड़ रुपिया के लागत से एकर जीर्णोद्धार करावल गइल बा।
एह मवका पs सीएम कलाकारन आ पूर्व छात्रन के सम्मानित कइलें। संगही ‘रंगभेद’ पत्रिका के विमोचन भइल आ स्वर्ण जयंती नाट्य समारोह के सुरुआतो भइल। कार्यक्रम में कलाकार लोग नाटक प्रस्तुत कइल।
बीएनए के स्वर्ण जयंती समारोह
गोमती नगर में इस्थित भारतेंदु नाट्य अकादमी के 50 साल पूरा होखला पs आठ दिन तक कार्यक्रम चल रहल बा। एमे देस भर से कलाकार हिस्सा ले रहल बा लोग।
अतवार के पहिला दिन सीएम योगी कार्यक्रम के उद्घाटन कइलें आ 15 कलाकारन के सम्मानित कइलें। संगही ‘आनंद मठ’ नाटक सहित कइयन गाे मंचन देखलें।
लॉकडाउन के समय सरकार साथे खड़ा रहे
सीएम कहलें कि कोरोना काल में जब लॉकडाउन लागल, तs मजदूर लोग घर लवटे लागल। ओह समय सरकार ओह लोगन के संगे खड़ा रहे- ना खाली घरे पहुंचावल गइल, बलुक मुफ्त राशनो दिहल गइल। ऊ कहलें कि जब सरकार संवेदनशील ना होले, तs हालात अइसन हो जाला जइसे ‘आनंद मठ’ में देखावल गइल बा।
सीएम योगी आगे कहलें कि आज सिनेमा समाज के सही दिशा देवे के कोसिस करत बा बा। रामायण जइसन कार्यक्रम समाज के संस्कृति के देखावेला। ऊ भारतेंदु हरिश्चंद्र पs बनल नाटक के जिकिर कइलें।
ऊ कहलें कि स्कूल-कॉलेज में रानी लक्ष्मीबाई आ महाराजा जइसन वीर लोगन के कहानी देखावल जावs, ताकि नया पीढ़ी सीखे।
महाराज सुहेलदेव आ सालार मसूद के जिकिर
सीएम कहलें कि जहां सालार मसूद के मारल गइल रहे, उहां उनका नाम से मेला लागे लागल, जबकि महाराजा सुहेलदेव के लोग भुला देलस। बाद में नरेंद्र मोदी उनका के सम्मान दिलवलें।
ऊ कहलें कि सालार मसूद माफिया जइसन रहे आ आज के माफिया लोग ओही विचारधारा से जुड़ल बा। उनका मोताबिक, सुहेलदेव सालार मसूद के मार के जनता के गुलामी से आजाद करववलें।
सीएम योगी कहलें कि अइसन नायकन पs नाटक बने आ स्कूल-कॉलेज में मंचन होखे, ताकि आज के पीढ़ी उनका बारे में जान सके।
अंत में ऊ कहलें कि वोट बैंक के डर से कुछ लोग बिजली पासी आ रानी लक्ष्मीबाई जइसन महान लोगन के नाम लेवे से बचेला।
Read Also: Bank Holidays : अगिला हफ्ता कब-कब बंद रही बैंक? ब्रांच जाये से पहिले इहां देख लीं पूरा लिस्ट








