Uttrakhand Earthquake : उत्तराखंड के बागेश्वर में भूकंप के झटका महसूस भइल, 3.7 तीव्रता से डोलल धरती, प्रशासन सतर्क

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 5, 2026

बागेश्वर। जिला में एक बेर फेर भूकंप के झटका महसूस कइल गइल बा। रिक्टर स्केल पs एकर तीव्रता 3.7 मापल गइल, जबकि एकर केंद्र जमीन के करीब 10 किलोमीटर भीतर रहे। झटका महसूस होखतही लोग

Share

भूकंप से कांपल धरती

बागेश्वर। जिला में एक बेर फेर भूकंप के झटका महसूस कइल गइल बा। रिक्टर स्केल पs एकर तीव्रता 3.7 मापल गइल, जबकि एकर केंद्र जमीन के करीब 10 किलोमीटर भीतर रहे। झटका महसूस होखतही लोग घरे से बाहर निकल आइल। हालांकि अभी तक कवनो नुकसान के पुष्टि नइखे भइल।

अतवार के सबेरे 11 बजके 47 मिनट 8 सेकंड पs ई हल्का झटका महसूस भइल। कुछ समय खातिर लोग में हल्का दहशत के माहौल बन गइल, बाकिर कहीं से कवनो नुकसान के खबर नइखे मिलल।

रिक्टर स्केल पs भूकंप के तीव्रता 3.7 रहे। एकर केंद्र 30.047 डिग्री उत्तरी अक्षांश आ 79.901 डिग्री पूर्वी देशांतर पs स्थित रहे। भूकंप के गहराई जमीन के अंदर लगभग 10 किलोमीटर दर्ज कइल गइल।

जिला आपदा अधिकारी शिखा सुयाल बतवली कि जिला के सब तहसील से अभी तक जान-माल के नुकसान के कवनो सूचना नइखे मिलल। झटका हल्का होखला के चलते जनजीवन सामान्य बनल बा। हालात पs लगातार नजर रखल जा रहल बा।

ऊ लोग से अपील कइली कि अफवाहन पs ध्यान मत दीं आ कवनो आपात इस्थिति में प्रशासन के जारी दिशा-निरदेस के पालन करीं।

Read Also: UP News : ओह समय के माफिया रहे सालार मसूद, सीएम योगी कहलें- आज जे मिट्टी में मिल गइल, उहो ओकरे जइसन काम करत रहे

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.