लखनऊ: प्रदेश सरकार सांसद आ विधायक लेखा यूपी में जिला पंचायत अध्यक्ष आ ब्लॉक प्रमुख के चुनाव सीधे जनता से करावे पs मंथन कs रहल बिया। सूत्रन के मानल जाव तs प्रदेश सरकार जल्दिये एह बारे में केंद्र सरकार के प्रस्ताव भेज सकत बिया। मानल जा रहल बा कि जदि केंद्र राज्य सरकार के एह प्रस्ताव पs मुहर लगा देलस तs आवे वाला पंचायत चुनाव में एह नया चुनाव प्रक्रिया के लागू कs दिहल जाई।
प्रदेश के पंचायती राज मंत्री ओम प्रकाश राजभर एकर पुष्टि कइले बाड़ें। ऊ बतवलें कि एह संबंध में ऊ सुक के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ से मुलाकात कs के चरचा कइले बाड़ें।
ऊ मुख्यमंत्री के सोझा प्रस्ताव रखलें कि ऊ अधिकारियन के निर्देशित करस कि जिला पंचायत अध्यक्ष आ ब्लाक प्रमुख के चुनाव सीधे जनता से करावे के संबंध में प्रस्ताव तइयार करे लोग। प्रस्ताव तइयार कs के एकरा के जल्दी से जल्दी केंद्र सरकार के भेजल जाव जवना से समय रहते एकर तइयारी कइल जा सके।
राजभर के कहनाम बा कि मुख्यमंत्री ने उनका एह प्रस्ताव से सहमति जतवलें बाड़ें आ जल्दिये प्रस्ताव केंद्र के भेजे के आश्वासनो देले बाड़ें। ऊ कहलें कि ऊ पिछलके चुनाव में ई चाहत रहस। अधिकारी एकरा खातिर प्रस्ताव तइयार करावे खातिर कहिहें। एह मुलाकात के दौरान ओम प्रकाश राजभर के पुत्र सुभासपा के प्रमुख राष्ट्रीय महासचिव अरविंद राजभरो संगे रहस। राजभर बतवलें कि पिछलका महीना ऊ दिल्ली में केंद्रीय गृह मंत्री अमित शाह से मिलके एह मुद्दा पs चरचा कइले रहे, तs शाह जिला पंचायत अध्यक्ष आ ब्लॉक प्रमुख के चुनाव सीधे जनता से करावे पs हामी भरले रहे। ऊ राज्य सरकार से प्रस्ताव भिजवावे के कहले रहे। राजभर कहलें कि एही कड़ी में ऊ मुख्यमंत्री से मिलके अनुरोध कइले बाड़ें।