लखनऊ : उत्तर प्रदेश के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ सिंगापुर के दौरा पs बाड़ें। दौरा के पहिला दिन सोमार के ऊ कइयन गो बिदेसी निवेशक आ कॉरपोरेट प्रतिनिधियन से भेंट कइलें। एह दौरान यूपी में निवेश के संभावना, औद्योगिक सहजोग आ लमहर समय के साझेदारी पs विस्तार से चरचा भइल।
सीएम योगी सिंगापुर के नामी निवेश कंपनी टेमासेक होल्डिंग्स के चेयरमैन टियो ची हीन आ उनका टीम से मुलाकात कइलें। एह बैठक में टेमासेक के वैश्विक निवेश पोर्टफोलियो आ उत्तर प्रदेश में निवेश के अवसर पs बात भइल। मुख्यमंत्री टेमासेक के यूपी में अवसंरचना, लॉजिस्टिक्स, स्वास्थ्य सेवा, वेयरहाउसिंग, फिनटेक आधारित शहरी विकास सहित कइयन गो जुड़ल सेक्टर में निवेश करे के न्योता देलें।
स्वास्थ्य आ औद्योगिक ढांचा के मिली रफ्तार
बैठक में जानकारी दिहल गइल कि टेमासेक के पोर्टफोलियो कंपनी मनिपाल हॉस्पिटल्स गाजियाबाद में करीब 500 करोड़ रुपिया के निवेश करे जा रहल बा। ओही तरे असेंडास कंपनी राज्य में लॉजिस्टिक्स आ वेयरहाउसिंग सुविधा के विकास खातिर लगभग 500 करोड़ रुपिया के निवेश करे के योजना बनवले बा। एह निवेश से प्रदेश के स्वास्थ्य सेवा आ औद्योगिक ढांचा के मजबूती मिली आ विकास के नया रफ्तार मिली।
डेटा सेंटर आ कौशल विकास में निवेश पs सहमति
एह मुलाकात में डेटा सेंटर, कौशल विकास जइसन उभरत सेक्टर में सहजोग बढ़वला सहमति बनल। ई सहजोग यूपी के भविष्य के जरूरत के हिसाब से आधुनिक अवसंरचना तइयार करे आ बड़ पैमाना पs रोजगार सृजन में मदद करी। एकरा से उत्तर प्रदेश तकनीकी रूप से मजबूत आ आर्थिक रूप से आउर सक्षम बने में सहूलियत मिली।






