‘तुs 2गो मरलs, हमनी के 10 गाे मारेम सs…’, पंजाब में पुलिसकर्मियन के हत्या के बाद लॉरेंस गैंग आतंकियन के देलस खुला चुनौती

By Shweta Supriya

Published on: Feb 23, 2026

चंडीगढ़। गुरदासपुर में एएसआई आ होमगार्ड जवान के हत्या के ममिला अब गैंगवार के ओर मुड़ गइल बा। दू गो पुलिसकर्मियन के मौत के बाद एक तरफ तहरीक-ए-तालिबान हिंदुस्तान (टीटीएच) नाम के संगठन हमला के

Share

Punjab police killing case in Gurdaspur as Lawrence Bishnoi gang issues threat after terror claim

चंडीगढ़। गुरदासपुर में एएसआई आ होमगार्ड जवान के हत्या के ममिला अब गैंगवार के ओर मुड़ गइल बा। दू गो पुलिसकर्मियन के मौत के बाद एक तरफ तहरीक-ए-तालिबान हिंदुस्तान (टीटीएच) नाम के संगठन हमला के जिम्मेदारी लेले बा, तs दूसरका ओर लॉरेंस बिश्नोई गैंग खुल्लम-खुल्ला धमकी जारी कs देले बा।

एही बीच पाकिस्तानी डॉन शहजाद भट्टी के एगो ऑडियो सामने आइल बा। लॉरेंस गैंग के एंट्री से पूरा ममिला आउर भड़क गइल बा। गैंग के सदस्य हैरी बॉक्सर इंटरनेट मीडिया पs लिखले बा कि देस के दूगो काबिल आ ईमानदार अफसरन के आतंकी शहीद कइलें सs, एह खून के बदला खून से लिहल जाई। पोस्ट में कहल गइल- “तू दूगो मरले बाड़s, हम दस गो मारब।” आतंकियन के मदद करे वाला लोगन के खुली चेतावनी देके कहल गइल कि देस के रक्षा करे वाला पs नजर उठावे वाला के छोड़ल ना जाई।

दूसरका ओर, शहजाद भट्टी ऑडियो में घटना पs दुख जतावत पंजाब पुलिस के कार्यशैली पs सवाल उठवलस। ऊ कहलें कि जब बेगुनाह पs झूठा केस बनेला भा फर्जी एनकाउंटर होला, तs अइसन प्रतिक्रिया आवेला। हालांकि, एह दावन के आधिकारिक पुष्टि नइखे भइल।

सनिचर-अतवार के दरमियानी रात गुरदासपुर के दुरंगला पुलिस पोस्ट पs तैनात एएसआई गुरनाम सिंह आ होमगार्ड अशोक कुमार के लाश मिलल। ई चौकी भारत-पाकिस्तान अंतरराष्ट्रीय सीमा से करीब डेढ़ किलोमीटर दूर बा। एएसआई के सिर आ होमगार्ड के छाती में गोली लागल रहे। मवका से चार गो खोखा मिलल।

अतवार के सांझ सोशल मीडिया पs एगो पोस्टर वायरल भइल, जवना में टीटीएच हमला के जिम्मेदारी लेके ‘गजवा-ए-हिंद’ के दावा कइलस। हालांकि, पुलिस एकरा के संभावित प्रोपेगेंडा बतावत जांच सुरू कs देले बिया। घटना के बाद सीमावर्ती इलाका में अलर्ट जारी भइल, अमृतसर के अजनाला इलाका सहित कइयन जगह सख्त नाकाबंदी कइल गइल बा।

पुलिस के कहनाम बा कि टीटीएच नाम के संगठन के हकीकत पs संदेह बा, जबकि लॉरेंस गैंग के धमकी माहौल के आउर तनावपूर्ण बना देले बा। हर एंगल से जांच चल रहल बा, जल्दिये सच्चाई सामने आई। सीमावर्ती पंजाब में ई घटना अब खाली आपराधिक वारदात ना, बलुक बड़ सुरक्षा चुनौती बन चुकल बा।

Read Also: CM Yogi Singapore visit : लॉजिस्टिक्स, डेटा सेंटर, कौशल विकास में खुली निवेश के रस्ता, कइयन गो कंपनी उत्सुक

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.