यूपी बाल आयोग अयोध्या में 95 लइकन के कइल गइल रेस्क्यू, बिहार से ले आवल गइल रहे

Share

 

उत्तर प्रदेश बाल आयोग शुक के 95 लइकन के बचा लिहलस। जेकरा के कथित तौर पs बिहार से गैरकानूनी तरीका से यूपी ले जाइल जात रहे। इs घटना बाल तस्करी से जुड़ल चिंता के उजागर करता। अयोध्या बाल कल्याण समिति के अध्यक्ष सर्वेश अवस्थी बतवले कि शुक के सबेरे यूपी बाल आयोग के सदस्य सुचिता चतुर्वेदी से सूचना मिलला के बाद सीडब्ल्यूसी के सदस्य लइकन के बचा लेले। सबेरे करीब 9 बजे यूपी बाल आयोग के सदस्य सुचित्र चतुर्वेदी फोन कs के बतवली कि बिहार के नाबालिग बच्चा के अवैध तरीका से सहारनपुर ले जाइल जाता अवुरी उs लोग फिलहाल गोरखपुर में बाड़े अवुरी अयोध्या होत जईहे।

लइकन के उमिर 4-12 साल के बीच

हमनी के लइकन के बचा के खाना आ चिकित्सा सहायता दिहल गइल। लइकन के उमिर 4-12 साल के बीच बा अवुरी अधिकांश लइकन के कहनाम बा कि उs लोग के पता नईखे कि उनुका के कहाँ ले जाइल जाता। अभिभावकन से संपर्क कइल जा रहल बा आ लइकन के अइला पs सौंप दिहल जाई।

अइसन केस पहिले भी भइल बा

एकरा से पहिले बिहार के बच्चा के एगो समूह के अलग-अलग राज्य के मदरसा में भेजल जात रहे। गोरखपुर में उत्तर प्रदेश राज्य बाल आयोग उनका के बचा लिहलस। बाल अधिकार संरक्षण आयोग के अध्यक्ष प्रियंक कानुन्गो एक्स पs एगो पोस्ट में लइकन के सुरक्षा के बारे में बतवले। कानुन्गो अपना से पोस्ट कइले बाड़न भारत के संविधान में कुल लइकन के पढ़ाई के अधिकार दिहल गईल बा। हर बच्चा के स्कूल जाइल अनिवार्य बा।

 

 

 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-