[the_ad_group id="30365"]

जमीनी विवाद के लेके चचेरा भाइयन के बीच फायरिंग : राइफल आ जिंदा कारतूस बरामद, एसडीपीओ कहलें- कुछ लोगन से पूछताछ जारी

घटना स्थल पs मौजूद पुलिस।
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोपालगंज के नगर थाना क्षेत्र में सुक के देर रात मौनिया चौक के लगे जमीन विवाद के लेके फायरिंग हो गइल। घटना के लेके बतावल गइल कि मौनिया निवासी सोनू मिश्रा आ अनु मिश्रा के बीच पहिले से जमीन आ संपत्ति बटवारा के लेके विवाद चल रहल बा।

ई दुनो आपस में चचेरा भाई बा लो। एही बीच आरोप बा कि एगो पक्ष के लोग अचानक दूसरका पक्ष के लोगन पs राइफल से हवाई फायरिंग सुरू कs दिहल। एकरा बाद स्थल से कुछ सौ मीटर के दूरी पs इस्थित नगर थाना के पुलिस फायरिंग के आवाज सुनके पहुंचल।

ओहिजा, एसडीपीओ प्रांजल बतवलें कि ममिला के समझला के बाद दुनो पक्षन के लोग के तत्काल हिरासत में लिहल गइल बा। एह सभन से पूछताछ कइल जा रहल बा। एकरा संगही एगो राइफल आ 45 जिंदा कारतूस बरामद कइल गइल बा। फिलहाल ममिला तs दु गुटन के बीच जमीन विवाद के लेके लड़ाई के लाग रहल बा। हालांकि, जब ले जांच नइखे होत तब तक कुछुओ कहल ठीक नइखे। ममिला के जांच पूरी होखला के बाद सब कुछ पता चल पाई। एकरा अलावे कुछ लोगन के गिरफ्तारी खातिर छापेमारी कइल जा रहल बा।

साभार : दैनिक भास्कर

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]