लखनऊ। मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ के अध्यक्षता में भइल यूपी कैबिनेट बैठक में बड़ फैसला लिहल गइल बा। सरकार शिक्षामित्रन आ अंशकालिक अनुदेशकन के मानदेय में भारी बढ़न्ती के मंजूरी दे देले बा। अब शिक्षामित्रन के 18,000 रुपिया आ अनुदेशकन के 17,000 रुपिया हर महीना मानदेय मिली।
शिक्षामित्रन आ अनुदेशकन के बड़ राहत
कैबिनेट के एह फैसला से प्रदेश के लाखन शिक्षामित्रन आ अनुदेशकन के राहत मिलल बा। पहिले जहां शिक्षामित्रन के 10,000 रुपिया आ अनुदेशकन के 9,000 रुपिया मिलत बा, ओहिजा अब ई राशि बढ़ाके क्रमशः 18,000 आ 17,000 रुपिया कs दिहल गइल बा।
बेसिक शिक्षा मंत्री संदीप सिंह जानकारी देलें कि बढ़न मानदेय एक मई से लागू होई।
2017 के बाद दूसरका बड़ बढ़न्ती
सरकार बतवलस कि साल 2017 में भाजपा सरकार बनला के बाद शिक्षामित्रन के मानदेय 3,500 रुपिया से बढ़ाके 10,000 रुपिया कइल गइल रहे। अब एक बेर फेर बड़ इजाफा करत एकरा के 18,000 रुपिया कs दिहल गइल बा।
प्रदेश में 27 हजार से जादे अंशकालिक अनुदेशक कार्यरत बा लोग, जेकरा एह फैसला के सीधा लाभ मिली।
कैबिनेट में 22 प्रस्तावन के मंजूरी
कैबिनेट बैठक में कुल 22 प्रस्तावन पs मुहर लागल। एकरा तहत छात्रन खातिर 25 लाख टैबलेट किने के प्रस्ताव के मंजूरी दिहल गइल। वित्त मंत्री सुरेश खन्ना बतवलें कि अब तक 60 लाख स्मार्टफोन आ टैबलेट वितरित कइल जा चुकल बा।
बलिया में खुली नया मेडिकल कॉलेज
सरकार ‘एक जिला, एक मेडिकल कॉलेज’ योजना के तहत बलिया में मेडिकल कॉलेज खोले के मंजूरी देले बिया। ई कॉलेज जिला अस्पताल से संबद्ध होई आ इहां 100 एमबीबीएस सीटन खातिर मान्यता लिहल जाई।
एकरा से जिला में स्वास्थ्य सुविधा बेहतर होई आ विशेषज्ञ डॉक्टरन के उपलब्धता बढ़ी।








