UP Budget 2026 : सदन में पेश भइल योगी सरकार के बजट, 6 करोड़ लोग गरीबी रेखा से बाहर, प्रति व्यक्ति आय में बड़ उछाल

Share

लखनऊ। उत्तर प्रदेश विधानसभा में योगी सरकार बुध के नया वित्त बरिस खातिर बजट पेश कइलस। वित्त मंत्री सुरेश कुमार खन्ना बजट पेश करत बतवलें कि पिछिला कुछ बरिस में प्रदेश के आर्थिक-सामाजिक तस्वीर में बड़ बदलाव आइल बा। सरकार के नीति आ योजना के असर से करीब 6 करोड़ लोग बहुआयामी गरीबी रेखा से बाहर निकल चुकल बा आ प्रदेश के प्रति व्यक्ति आय में ऐतिहासिक बढ़न्ती भइल बा।

वित्त मंत्री कहलें कि कृषि उत्पादन में उत्तर प्रदेश देस में पहिला स्थान पs बा। प्रधानमंत्री फसल बीमा योजना के तहत लाखन किसानन के सीधा फायदा मिलल बा आ गन्ना किसानन के रिकॉर्ड भुगतान कइल गइल बा। सरकार के फोकस अब एग्री-एक्सपोर्ट पs बा, एह खातिर प्रदेश में एग्री एक्सपोर्ट हब बनावे के घोषणा कइल गइल बा।

सुरेश खन्ना बतवलें कि कानून-बेवस्था के मजबूती, आधारभूत ढांचा के विस्तार, औद्योगिक निवेश, रोजगार सृजन, महिला सशक्तीकरण आ जुवा कौशल विकास-हर क्षेत्र में प्रदेश में संतुलित विकास भइल बा। साल 2024-25 में उत्तर प्रदेश के जीएसडीपी 30.25 लाख करोड़ रुपिया आकलन कइल गइल बा, जवन पिछला साल के मुकाबले 13.4 प्रतिशत जादे बा।

प्रदेश के प्रति व्यक्ति आय अब 1,09,844 रुपिया हो गइल बा, जबकि 2016-17 में ई खाली 54,564 रुपिया रहे। अनुमान बा कि 2025-26 में प्रति व्यक्ति आय 1.20 लाख रुपिया तक पहुंच जाई। बेरोजगारी दर घट के 2.24 प्रतिशत रह गइल बा, जवन सरकार के रोजगार नीति के सफलता के देखावत बा।

बजट के खास बात ई बा कि एसडीजी इंडिया इंडेक्स में यूपी के रैंकिंग 2018-19 में 29वां नंबर से सुधर के 2023-24 में 18वां स्थान पs आ गइल बा। चउथा ग्लोबल इन्वेस्टर्स समिट के बाद अब तक 50 लाख करोड़ रुपिया से जादे के एमओयू साइन भइल बा, जवना से करीब 10 लाख रोजगार के संभावना बा। एमे से 15 लाख करोड़ रुपिया के निवेश वाली 16 हजार से जादे परियोजनन पs काम सुरू हो चुकल बा।

उत्तर प्रदेश आज देस के सबसे बड़ मोबाइल फोन मैन्युफैक्चरिंग हब बन चुकल बा। देस के 65 प्रतिशत मोबाइल फोन आ 55 प्रतिशत इलेक्ट्रॉनिक्स कंपोनेंट्स यूपी में बन रहल बा। इलेक्ट्रॉनिक्स निर्यात बढ़ के 44,744 करोड़ रुपिया पहुंच गइल बा। स्टार्टअप नीति के चलते यूपी के राष्ट्रीय स्टार्टअप रैंकिंग में “लीडर” श्रेणी मिलल बा।

वित्त मंत्री कहलें कि बजट के आकार 9 लाख 12 हजार 696 करोड़ रुपिया बा, जवन पिछिला बजट से 12 प्रतिशत जादे बा। एग्री एक्सपोर्ट, डिजिटल इंटरप्रेन्योरशिप, ईज ऑफ डूइंग बिजनेस आ नवहन के बड़ पैमाना पs कौशल प्रशिक्षण पs सरकार मिशन मोड में काम करी, ताकि आत्मनिर्भर उत्तर प्रदेश के सपना साकार हो सके।

Read Also: Delhi : पूर्व सेना प्रमुख नरवणे के अप्रकाशित पुस्तक लीक, दिल्ली पुलिस प्रकाशक पेंगुइन के भेजलस नोटिस

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-